हरियर टमाटर कि लाल टमाटर, कवन सेहत खातिर अधिका फायदेमंद बा?

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 3, 2023

हरियर टमाटर कि लाल टमाटर, कवन सेहत खातिर अधिका फायदेमंद बा? Health Benefits Of Green And Red Tomato: टमाटर के बिना भारतीय रसोईघर अधूरा मानल जाला।  एकर इस्तेमाल ना सिर्फ खाना के स्वाद बढ़ावे खातीर

Share

हरियर टमाटर कि लाल टमाटर, कवन सेहत खातिर अधिका फायदेमंद बा?

Health Benefits Of Green And Red Tomato: टमाटर के बिना भारतीय रसोईघर अधूरा मानल जाला।  एकर इस्तेमाल ना सिर्फ खाना के स्वाद बढ़ावे खातीर होला, बालुक स्वास्थ्य खातीर भी बहुत फायदेमंद होला।  टमाटर में मौजूद पोषक तत्व के चलते एकरा के सुपर फूड के रूप में गिनल जाला।  लेकिन कई बेर जब हमनी के टमाटर खरीदे खातिर बाजार में जानी जा त हमनी के दिमाग में एगो सवाल उठेला कि लाल टमाटर स्वास्थ्य खातीर जादे फायदेमंद बा कि हरियर टमाटर।  आईं साँच  जान लीं

जब भी हमनी के सलाद आ सब्जी खातिर टमाटर खरीदेनी जा त मीठ अउरी गूदादार लाल टमाटर चुने के पसंद करेनी।  इनहन में मिठास के साथे-साथ साइट्रिक टेस्ट भी होला।  हमनी के एकर इस्तेमाल कई तरह से खाए में कर सकेनी जा।  जइसे कि एकर सब्जी, सलाद, चटनी आ सूप भी बना सकेनी।


जब बात हरियर टमाटर के होखे त एकर इस्तेमाल सब्जी अउरी दाल खाती निमन मानल जाला।  खासकर अगर रउरा कवनो तरह के करी बनावत बानी त ई अपना खट्टापन से सब्जी में एगो नया स्वाद ले आवेला.  हालांकि रसोइया के मुताबिक, हरियर टमाटर के खाना बनावल स्वास्थ्य खातीर  निमन होखेला।  असल में एकरा में सोलानिना के मात्रा जादा होखेला जवना के पचावल इंसान खाती मुश्किल हो सकता।  एकर असर कम करे खातिर अगर एकरा के पका के खाईं त बेहतर होई।

अगर हमनी के लाल अउरी हरियर टमाटर में पोषण मूल्य के बात कईल जाए त लाल टमाटर में बीटा-कैरोटीन के मात्रा जादा होखेला।  लाल टमाटर में भी लाइकोपीन एंटीऑक्सीडेंट पावल जाला जवन कैंसर से बचाव में महत्वपूर्ण भूमिका निभा सकता।  लाइकोपीन के चलते टमाटर के रंग लाल अउरी चमकदार होखेला।  ई हरियर टमाटर में ना पावल जाला।

हालांकि विटामिन सी हरियर अउरी लाल दुनो टमाटर में बहुतायत में पावल जाला, लेकिन लाल टमाटर में एकर मात्रा अपेक्षाकृत जादे होखेला।  हालांकि जब हमनी के एकरा के पकावेनी जा त विटामिन सी के मात्रा कम हो जाला अवुरी लाइकोपीन के मात्रा बढ़ जाला।  फाइबर के मामला में भी लाल टमाटर जादा फायदेमंद होखेला।
हरियर टमाटर के फायदा के बात कईल जाए त एकरा में लाल टमाटर के मुक़ाबले जादे ऊर्जा, प्रोटीन, कैल्शियम होला।  एतने ना, विटामिन के, थिआमिन, कोलाइन, आयरन, विटामिन सी भी एकरा में जादा होला।  जबकि लाल टमाटर में हरियर टमाटर के मुक़ाबले आहार फाइबर जादा होला, जबकि हरे टमाटर के मुक़ाबले विटामिन ए, विटामिन ई, फोलेट, मैग्नीशियम, जस्ता जादा पावल जाला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.