[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur University : गोरखपुर विश्वविद्यालय में यूजी-पीजी दाखिला प्रक्रिया सुरू, 77 कोर्स में 12 हजार सीटन खातिर होई एडमिशन

DDU
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में सत्र 2026-27 खातिर यूजी आ पीजी कोर्स में दाखिला के ऑनलाइन प्रक्रिया आज से सुरू हो गइल बा। एह साल कुल 77 गो पाठ्यक्रमन में करीब 12 हजार सीटन पs एडमिशन होई। इच्छुक अभ्यर्थी विश्वविद्यालय के आधिकारिक पोर्टल dduguadmission.in पs जाके ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लोग।

कुलपति प्रो. पूनम टंडन प्रवेश प्रक्रिया के सुरुआत करत कहली कि नया कोर्स आ बढ़ल सीट से छात्रन के जादे मवका मिली। ऊ कहलीं कि विश्वविद्यालय अब आधुनिक शिक्षा के हिसाब से नया-नया कोर्स सुरू करत बा, जवन छात्रन के करिअर में मददगार साबित होई।

प्रवेश प्रकोष्ठ के निदेशक प्रो. हर्ष कुमार सिन्हा बतवलें कि ऑनलाइन आवेदन फॉर्म 25 मई तक भरल जा सकी। एह साल स्नातक (UG) के 18, परास्नातक (PG) के 50 आ डिप्लोमा-सर्टिफिकेट के नव कोर्स में एडमिशन होई। बीएससी (कृषि), बीएएलएलबी, बीसीए आ बीबीए जइसन कोर्स में कॉलेज स्तर पs दाखिला विश्वविद्यालय के संयुक्त प्रवेश परीक्षा से होई।

कुलपति के मोताबिक एह साल बायोटेक्नोलॉजी, हॉस्पिटल मैनेजमेंट, पॉलिटिकल लीडरशिप, ट्रांसलेशन आ कम्युनिकेटिव इंग्लिश जइसन नया कोर्स सुरू कइल गइल बा। बेहतर सुविधा आ पढ़ाई के माहौल से नया सत्र में छात्रन के फायदा मिली।

DDURN पंजीकरण जरूरी

दाखिला खातिर अभ्यर्थियन के सबसे पहिले पोर्टल पs पंजीकरण करे के होई, जवना से ओह लोगन के एगो डीडीयूआरएन (DDURN) नंबर मिली। एह नंबर से छात्र विश्वविद्यालय भा संबद्ध कॉलेज में आवेदन कs सकेला। बिना एह नंबर के कवनो कॉलेज एडमिशन ना ली। एके रजिस्ट्रेशन नंबर से छात्र कइयन गो कोर्स में आवेदन कs सकेला।

विश्वविद्यालय प्रशासन के उम्मेद बा कि एह साल जादे संख्या में छात्र दाखिला लेके आपन भविष्य मजबूत करिहें।

Read Also: Gorakhpur University : प्रोफेसर विमलेश मिश्र बनलें हिंदी विभाग के अध्यक्ष

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]