खुशखबरी: गोरखपुर में बनी प्रदेश के तीसरा स्वतंत्रता संग्राम संग्रहालय, नगर निगम सुरु कइलस तइयारी

By Anurag Ranjan

Published on: May 31, 2022

गोरखपुर नगर निगम। – फोटो साभार : अमर उजाला प्रदेश के तीसरा राजकीय स्वतंत्रता संग्राम संग्रहालय गोरखपुर में बनी। एकरा खातिर महादेव झारखंडी टुकड़ा नंबर-3 में नगर निगम के जमीन चिह्नित कइल गइल बा। गोरखपुर-कुशीनगर

Share

गोरखपुर नगर निगम।
गोरखपुर नगर निगम। – फोटो साभार : अमर उजाला
प्रदेश के तीसरा राजकीय स्वतंत्रता संग्राम संग्रहालय गोरखपुर में बनी। एकरा खातिर महादेव झारखंडी टुकड़ा नंबर-3 में नगर निगम के जमीन चिह्नित कइल गइल बा। गोरखपुर-कुशीनगर मार्ग पs टीबी अस्पताल के पीछे के चिह्नित आपन एह जमीन खातिर नगर निगम कावर से अनापत्ति प्रमाणपत्र जारी कs दिहल गइल बा।

सांसद रवि किशन गोरखपुर में राजकीय स्वतंत्रता संग्रहालय स्थापित करे के ममिला लोकसभा में उठवले रहस। एकरा बाद गोरखपुर में एह संग्रहालय के स्थापना के लेके कवायद सुरू भइल। एह ममिला में जिला प्रशासन के जमीन खोजे के निर्देश दिहल गइल रहे। तहसीलदार सदर ने ग्राम महादेव झारखंडी टुकड़ा नंबर-3 में टीबी अस्पताल के दखिन आ गोरखपुर-कुशीनगर मार्ग के बीचे नगर निगम के बंजर भूमि के चिह्नित कइले। राजकीय बौद्ध संग्रहालय के उप निदेशक एह जमीन के स्थलीय निरीक्षण कs के स्वतंत्रता संग्राम संग्रहालय खातिर उपयुक्त बतवले।

नगर आयुक्त अविनाश सिंह कहले कि स्वतंत्रता संग्राम संग्रहालय के स्थापना खातिर जिला प्रशासन कावर से सदर तहसील के तप्पा परगना हवेली के महादेव झारखंडी टुकड़ा नंबर-3 में 2.627 हेक्टेयर में से करीब .600 हेक्टेयर जमीन के मुफीद पावल गइल रहे। एह संबंध में नगर निगम से अनापत्ति मांगल गइल रहे। नगर निगम के एह जमीन पs स्वतंत्रता संग्राम संग्रहालय बनवला पs कवनो आपत्ति नइखे। एह इस संबंध में जिला प्रशासन के पत्र भेज दिहल गइल बा।

मेरठ आ शाहजहांपुर में बा राजकीय स्वतंत्रता संग्राम संग्रहालय
राजकीय स्वतंत्रता संग्राम संग्रहालय मेरठ आ शाहजहांपुर के शहीद स्मारक परिसर में इस्थित बा। राजकीय स्वतंत्रता संग्राम संग्रहालय के मनोरम इमारत अपना भीतर 1857 के क्रांति में मेरठ आ भारत में घटल घटना के संजो के रखले बा।

ई हs देश के प्रमुख संग्रहालय
देश में वर्तमान में 700 से बेसी म्यूजियम बा। एमे इंडियन म्यूजियम कोलकाता, नेशनल म्यूजियम दिल्ली, सलारगंज म्यूजियम हैदराबाद, छत्रपति साहूजी वास्तु म्यूजियम मुंबई, प्रयागराज संग्रहालय, भारतकला वाराणसी, केलिको वस्तु संग्रहालय अहमदाबाद, शंकर अंतरराष्ट्रीय डाक संग्रहालय दिल्ली, राजकीय म्यूजियम चेन्नई, विक्टोरिया मेमोरियल कोलकाता, राजकीय बौद्ध संग्रहालय प्रमुख बा। क्षेत्रफल के दृष्टि से देश के सबसे बड़संग्रहालय सलारगंज हैदराबाद हs। कलाकृतियन के अनुसार सबसे बड़ संग्रहालय राज्य संग्रहालय लखनऊ हs।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.