रेलवे में फर्जीवाड़ा: आरआरबी गोरखपुर के चेयरमैन निलंबित

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 14, 2024

मॉडर्न कोच फैक्ट्री में बिना परीक्षा के दुगो उम्मीदवार के फर्जी नियुक्ति के मामला में रेलवे बोर्ड बड़ कार्रवाई कईले बिया। गोरखपुर आरआरबी (रेलवे भर्ती बोर्ड) के अध्यक्ष नुरुद्दीन अंसारी के बियफे के दिने बोर्ड

Share

रेलवे में फर्जीवाड़ा

मॉडर्न कोच फैक्ट्री में बिना परीक्षा के दुगो उम्मीदवार के फर्जी नियुक्ति के मामला में रेलवे बोर्ड बड़ कार्रवाई कईले बिया। गोरखपुर आरआरबी (रेलवे भर्ती बोर्ड) के अध्यक्ष नुरुद्दीन अंसारी के बियफे के दिने बोर्ड निलंबित कs दिहले बा. सीपीओ अवधेश कुमार के आरआरबी अध्यक्ष के अतिरिक्त प्रभार दिहल गइल बा. एs कार्रवाई के बाद अधिकारी अवुरी कर्मचारी के बीच हड़कंप मच गईल बा।

जानकारी के मुताबिक 26 अप्रैल 2024 के टेक्निकल ग्रेड थर्ड फिटर के पद पs भईल नियुक्ति के समीक्षा में पाता चलल कि सीरियल नंबर 6 पs सौरभ कुमार अवुरी 7 नंबर पs राहुल प्रताप के नाम गलत तरीका से शामिल कईल गईल बा। धोखाधड़ी से नियुक्ति मिलला के बाद सौरभ कुमार आ राहुल प्रताप दुनु उम्मीदवार के नाम पैनल से हटा दिहल गइल बा.

रेलवे भर्ती बोर्ड के अध्यक्ष नुरुद्दीन अंसारी एह पs कड़ा रुख अपनावत निर्देश दिहलन कि दुनु जने के तुरते सेवा से मुक्त कs दिहल जाव काहे कि ऊ लोग धोखाधड़ी से पैनल में शामिल रहुवे. संगही, जब ले कार्यालय से जानकारी ना मिली तब ले पैनल के बाकी उम्मीदवार के खिलाफ कार्रवाई बंद करे के कहल गईल।

एकरा बाद पैनल में बाकी उम्मीदवार के नाम के समीक्षा शुरू कs दिहल गईल। अब जल्दिए नया पैनल जारी हो जाई. दूसर ओर सीपीओ अवधेश कुमार के आरआरबी अध्यक्ष के अतिरिक्त प्रभार देवे के चिट्ठी भी जारी भईल बा।

इहो पढ़ीं: पीएम मोदी राज कपूर के 100वीं जयंती पs दिहले श्रद्धांजलि, शोमैन के तारीफ में कहले इs बात

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.