गोरखपुर: तीन गो बाइक में भइल भिड़ंत, 5 लोग के मउत से मचल हड़कंप

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 7, 2024

उत्तर प्रदेश में गोरखपुर के मोहद्दीपुर में काल्हु रात एगो भयानक सड़क हादसा हो गइल. जवना में 5 लोग के मउत हो गईल, जबकि 3 लोग गंभीर रूप से घायल हो गईल बाड़े। तीन बाइक

Share

उत्तर प्रदेश में गोरखपुर के मोहद्दीपुर में काल्हु रात एगो भयानक सड़क हादसा हो गइल. जवना में 5 लोग के मउत हो गईल, जबकि 3 लोग गंभीर रूप से घायल हो गईल बाड़े। तीन बाइक दुर्घटना के शिकार हो गईल, जवना में तीसरका बाइक एगो ट्रक से टकरा गईल। मरेवाला लोग में एगो पिता अवुरी उनुकर दु बेटी अवुरी दु युवक के मउत हो गईल। घटना के बाद परिवार के लोग के हालत खराब बा. डीएम अवुरी एसएसपी रात में मेडिकल कॉलेज पहुंचले अवुरी घाही के बेहतर इलाज खातीर निर्देश देले।

मरेवाला लोग के पहचान विक्रांत, उनुकर दु साल के बेटी लाडो अवुरी एक साल के बेटी परी के रूप में भईल बा, जवन कि मोहद्दीपुर पावर हाउस के नजदीक रहत रहले। एही हादसा में रुस्तमपुर निवासी मोनू चौहान आ बेतियाहाता हनुमान मंदिर निवासी सूरज के भी मउत हो गईल। घाही में विक्रांत के पत्नी निकिता अवुरी पांच साल के बेटा अंगद शामिल बाड़े। दुनों के हालत गंभीर बतावल जाता। जबकि तीसरका बाइक दुर्घटना में घाही युवक के पहचान चिनमयानंद के रूप में भईल बा।

लोग के कहल बा कि विक्रांत अपना पत्नी अवुरी बच्चा के संगे नहर रोड से बाइक बिजली कालोनी के ओर जात रहले। एही बीच कुडा घाट से आवत सूरज अवुरी मोनू के बाइक से टक्कर हो गईल। एs दुर्घटना के बाद बाइक सवार एगो तीसरका युवक भी दुर्घटना बाइक से टकरा के ट्रक से टकरा गईल, जवना में उs घाही हो गईल। पुलिस सबसे पहिले घाही लोग के जिला अस्पताल भेज देलस जहां से ओ लोग के मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल गईल। मेडिकल कॉलेज में निकिता अवुरी अंगद के हालत गंभीर बनल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाइट बढ़वले में असरदार बा इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल लंबाई

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.