गोरखपुर रंग महोत्सव के आगाज आज से, नाटकन के मंचन के संगे विमर्श आ प्रशिक्षण खातिर होई कलाकारन के जमावड़ा

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 23, 2024

गोरखपुर। अभियान थिएटर ग्रुप आ भारतेंदु नाट्य अकादमी के ओर से योगीराज बाबा गंभीर नाथ प्रेक्षागृह में बुध से 27 अक्टूबर तक पांच दिवसीय रंग महोत्सव के आयोजन के आगाज आज होई। एमे हरदिन सांझ

Share

गोरखपुर। अभियान थिएटर ग्रुप आ भारतेंदु नाट्य अकादमी के ओर से योगीराज बाबा गंभीर नाथ प्रेक्षागृह में बुध से 27 अक्टूबर तक पांच दिवसीय रंग महोत्सव के आयोजन के आगाज आज होई। एमे हरदिन सांझ के नाटक के मंचन होई। आज सांझ पांच बजे उद्घाटन सत्र के सुभारंभ होई। मुख्य अतिथि राज्यसभा के उपसभापति हरिवंश नारायण सिंह के फिलहाल आइल टल गइल बा।

जानकारी के मोताबिक उद्घाटन सत्र के विषय जिजीविषा आ रंग मंच विश्व शांति के संदर्भ में होई। एकरा बाद सांझ छव बजे से एजीपी वर्ल्ड प्रोडक्शन मुंबई के प्रस्तुति नाटक बर्फ के मंचन होई। एकर मुख्य आकर्षण बाॅलीवुड अभिनेता सौरभ शुक्ला करिहें। कलाकार मंगर के देर रात तक पहुंच गइल लो।

योगीराज बाबा गंभीर नाथ प्रेक्षागृह के दुल्हिन के तरे सजा दिहल गइल बा। लगभग एक हजार से जादे लोगन के बइठे के बेवस्था कइल गइल बा। अभियान थिएटर ग्रुप के निदेशक श्रीनारायण पांडेय बतवलें कि आयोजन समिति के अध्यक्ष डॉ. हर्षवर्द्धन राय के दिशा निर्देशन में तइयारियन के अंतिम रूप दिहल गइल बा। कार्यक्रम के अध्यक्षता आचार्य विश्वनाथ प्रसाद तिवारी करिहें। विशिष्ट अतिथियन में सदर सांसद रवि किशन, केंद्रीय फिल्म प्रमाणन बोर्ड अंडमान सदस्य नरेश चंद्र लाल आ मेयर डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव रही लो।
कार्यक्रम के दौरान नया पीढ़ी के रंगकर्म का प्रशिक्षण भी दिया जाएगा। रंग विमर्श के जरिए कलाकारों से रूबरू होखे के मवको मिली। दुपहरिया दु बजे से छव स्कूलन के लईकन के प्रशिक्षण दिहल जाई। सांझ के छव बजे तक रंग विमर्श के कार्यक्रम होई, जमे देसभर के दिग्गज रंग कर्मियन आ विशेषज्ञन के बोलावल गइल बा। एकरा बाद नाटक के मंचन होई।

एह नाटकन के होई मंचन

  • 23 अक्टूबर- बर्फ, लेखक आ निर्देशक सौरभ शुक्ला
  • 24 अक्टूबर- जिंदगी और जोक, लेखक अमरकांत आ निर्देशक बंशी कौल
  • 25 अक्टूबर- रात अभी बाकी, लेखक जयंत पवार आ निर्देशक साउती चक्रवर्ती
  • 26 अक्टूबर- निर्माण से निर्वाण तक, लेखक विजय मिश्रा आ निर्देशक विपिन कुमार
  • 27 अक्टूबर- अवेकिंग द स्लीपिंग सिकनेस सागा, लेखक ओलिवर सैक्स आ निर्देशक शुभा भट्ट भसीन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.