[the_ad_group id="30365"]

GORAKHPUR NEWS: गोरखपुर में रेलवे क 9 मंजिला इमारत तइयार, 50 से जादा कर्मचारियन के मिली आशियाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। बौलिया स्थित रेलवे के नौ मंजिला मल्टी स्टोरी बिल्डिंग बन के तइयार बा। रेलवे प्रशासन आवास के आवंटन क प्रक्रिया शुरू कऽ दीहले बाऽ। शुरुआत में 50 रेलकर्मियन के आवास मिलले कऽ संभावना बा। उप मुख्य यांत्रिक इंजीनियर रिपेयर (डिप्टी सीएमई) पूर्वोत्तर रेलवे के उप महाप्रबंधक सामान्य (डीजीएम) के आवास आवंटित कइले के खातिर चिट्ठी लिखले बा। दस सितंबर के मल्टी स्टोरी बिल्डिंग के उद्घाटन क संभावना बा। रेलवे प्रशासन एकर तइयारी तेज कर दीहलै बा।

डिप्टी सीएमई रेलकर्मियन के आवास के समस्या के गंभीरता से लिहले हवे| उंकरा के कहल ह कि यांत्रिक कारखाना पुल में श्रेणी द्वितीय में 170 आ श्रेणी तृतीय में 360 कर्मचारी आवास के खातिर प्रतीक्षारत हवैऽ। दस परित्यक्त आवास के बदले आवास आवंटन कइल जाइल अति आवश्यक बा। बौलिया कालोनी स्थित मल्टी स्टोरी बिल्डिंग में प्राथमिकता के आधार प तत्काल 50 आवास उपलब्ध करावल  अति आवश्यक बा। जेसे के यांत्रिक कारखाना पुल में आवास के खातिर प्रतीक्षारत कर्मचारियन  एवं परित्यक्त घोषित आवास के स्थान प आवास उपलब्ध करावल जा सके।

डिप्टी सीएमई के चिट्ठी क स्वागत करत हुए एनई रेलवे मेंस कांग्रेस के मंडल मंत्री प्रदीप कुमार श्रीवास्तव कहलेऽ हवे कि डेयरी एवं मेडिकल रेलवे कालोनी के भूमि रेलवे भूमि विकास प्राधिकरण के दिहल जइलै के कारण उहां निवास कर रहल 66 रेल कर्मचारियन के बिना वैकल्पिक आवास उपलब्ध कराइल क्वार्टर खाली कइलै के नोटिस जारी कइल गइल रहै। मेंस कांग्रेस बौलिया रेलवे कालोनी में निर्माणाधीन बहुमंजिला आवास में प्रभावित कर्मचारियन के प्राथमिकता के आधार प टाइप-3 आवास आवंटित करे आ ओकरे बाद ही वर्तमान आवास खाली करावै क आग्रह कइलै रहल। ई निर्णय ओ परिवारन के खातिर राहत क किरण बा।

एनई रेलवे मजदूर यूनियन (नरमू) उप महाप्रबंधक के पत्र लिख के आवासन क मांग कइलै रहै। यूनियन के संयुक्त महामंत्री ओंकार नाथ सिंह कहलैं कि रेलवे प्रशासन स्टेशन ट्रैफिक पूल के अंतर्गत आवासन के वर्तमान कमी के दृष्टिगत 100 रेलवे आवास आवंटित करै। उ रेलवे प्रशासन स्टेशन प कार्यरत स्टेशन मास्टर, प्वाइंट्समैन, ट्रेन मैनेजर आ अन्य सेफ्टी केटेगरी के कर्मचारियन के उंकरे ड्यूटी क प्रकृति एवं आवश्यकता के ध्यान में रखत हुए आवास आवंटन में प्राथमिकता प्रदान किहल जइले  भी विचार कइल जाए कऽ आग्रह किहल गइल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]