Gorakhpur News: आज 56 करोड़ के परियोजना के लोकार्पण आ शिलान्यास करिहें सीएम योगी, टैबलेट-स्मार्टफोनो करिहें वितरण

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 3, 2024

प्रदेश प्रमुख सीएम योगी आदित्यनाथ गोरखपुर दौरा पs आ रहल बाड़े। माइक्रोबायोलॉजी विभाग में नमूना संग्रह केंद्र, पैथोलॉजी विभाग में ऑटोमैटिक टिशू प्रोसेसर अउरी ऑटोमैटिक यूरिन एनालाइजर के उद्घाटन होई। 5 पार्ट सिमेक्स सीबीसी एनालाइजर

Share

प्रदेश प्रमुख सीएम योगी आदित्यनाथ गोरखपुर दौरा पs आ रहल बाड़े। माइक्रोबायोलॉजी विभाग में नमूना संग्रह केंद्र, पैथोलॉजी विभाग में ऑटोमैटिक टिशू प्रोसेसर अउरी ऑटोमैटिक यूरिन एनालाइजर के उद्घाटन होई। 5 पार्ट सिमेक्स सीबीसी एनालाइजर आ नया एडवांस टेक्नोलॉजी हार्मोन ट्यूमर मेकर डिडक्शन एलिनिटी मशीन लगावे के भी मुख्यमंत्री के ओर से उद्घाटन कइल जाई।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर के दिने बीआरडी मेडिकल कॉलेज में 55 करोड़ से अधिका के विकास कार्य आ सुविधा के उद्घाटन आ शिलान्यास करीहें। एकरा अलाला स्वामी विवेकानंद युवा सशक्तिकरण के तहत एमबीबीएस अवुरी पैरामेडिकल छात्र के 483 टैबलेट-स्मार्टफोन के वितरण करीहें। इ कार्यक्रम दुपहरिया साढ़े तीन बजे से कॉलेज के सभागार में होखी।

मुख्यमंत्री 7.17 करोड़ रुपया के सीटी स्कैन मशीन आ 11.25 लाख रुपया के किडनी में पथरी तुड़े खातिर लिथोट्रिप्सी मशीन के उद्घाटन करिहें। एकरा अलावा उऽ जेनेटिक मेडिसिन आ पीडियाट्रिक्स आर्थोपेडिक्स ओपीडी के साथे मिल्क बैंक के उद्घाटन करीहें।

आईएचसी पैनल के रेंज बढ़ावे के कामो शुरू कइल जाई। संगही उऽ फार्मेसी कॉलेज के विस्तार निर्माण कार्य के उद्घाटन करीहें। एकरा पs 8.5 करोड़ रुपया के लागत आइल बा। संगही, उ 6.12 करोड़ रूपिया के लागत से स्थापित बर्न यूनिट, 2.68 करोड़ के लागत से स्थापित नेशनल इमरजेंसी लाइफ सपोर्ट लैब आ 98 लाख रुपया के लागत से बनल स्टेडियम के बाउंड्री वॉल के उद्घाटन करीहें।

सुपर स्पेशलिटी ब्लॉक में काम करे वाली नर्सन खातिर 100 सीट वाला शादीशुदा हॉस्टल बनावे के शिलान्यास करीहें। एह हॉस्टल के निर्माण में 30.31 करोड़ रुपिया के लागत आई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.