गोरखपुर समाचार : रामगढ़ताल से मछरी पकड़े के आरोप में बाप-बेटा के गिरफ्तार, 13 जाल आ एगो नाव बरामद

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 21, 2023

  प्रभारी निरीक्षक शशिकांत राय बतवले कि गोरखपुर विकास प्राधिकरण के ओर से रामगढ़ताल प्राकृतिक झील के नीलामी ना कईला के चलते मछरी पकड़े बेचेले पs रोक लगा दिहल गईल बा। लेकिन, पकड़ाइल बाप-बेटा नाव

Share

 

प्रभारी निरीक्षक शशिकांत राय बतवले कि गोरखपुर विकास प्राधिकरण के ओर से रामगढ़ताल प्राकृतिक झील के नीलामी ना कईला के चलते मछरी पकड़े बेचेले पs रोक लगा दिहल गईल बा। लेकिन, पकड़ाइल बाप-बेटा नाव के मदद से जाल लगा के रामगढ़तल में चोरा के मछरी बेचत रहले।

गोरखपुर में प्रतिबंध के बावजूद पुलिस गुरुवार के रामगढ़ताल में मछरी चोरी करे के आरोपी बाप-बेटा के गिरफ्तार क लेलस। पुलिस आरोपी के लगे से 13 जाल आ एगो नाव बरामद कईले बिया। आरोपी के खिलाफ केस दर्ज कईला के बाद पुलिस ओ लोग के कोर्ट में पेश कईलस, जहां से ओ लोग के जेल भेज दिहल गईल।

गिरफ्तार आरोपी के पहचान हीरा निषाद आ उनुकर बेटा इंद्रजीत निषाद के रूप में भईल बा, जवन कि बारी, महेरवा, कैंट के निवासी हवे। प्रभारी निरीक्षक शशिकांत राय बतवले कि गोरखपुर विकास प्राधिकरण के ओर से रामगढताल प्राकृतिक झील के नीलामी ना कईला के चलते मछरी पकड़े पs रोक लगा दिहल गईल बा।

लेकिन, पकड़ाइल बाप-बेटा नाव के मदद से जाल लगा के रामगढ़ताल में चोरा के मछरी बेचेले। विकास प्राधिकरण के सचिव के शिकायत पr ए मामला में मामला दर्ज भईल। जांच के दउरान आरोपी के नाम सामने अईला के बाद गिरफ्तारी भईल बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.