Gorakhpur News: खोराबार टाउनशिप खातिर अधिग्रहित जमीन के अतिक्रमण पऽ चलल बुलडोजर

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 17, 2024

Gorkhpur news : गोरखपुर विकास प्राधिकरण के परियोजना खोराबार टाउनशिप आ मेडिसिटी में सुक के अवैध निर्माण पऽ बुलडोजर चलल। कड़ा सुरक्षा के बीचे जंगल सीकरी उर्फ खोराबार आ खोराबार उर्फ सूबा बाजार के अधिग्रहित

Share

Gorkhpur news : गोरखपुर विकास प्राधिकरण के परियोजना खोराबार टाउनशिप आ मेडिसिटी में सुक के अवैध निर्माण पऽ बुलडोजर चलल। कड़ा सुरक्षा के बीचे जंगल सीकरी उर्फ खोराबार आ खोराबार उर्फ सूबा बाजार के अधिग्रहित जमीन पऽ कइल गइल अवैध निर्माण तुड़ल गइल। एही दौरान ग्रामीन लो बिरोधो कइलस, बाकिर भारी पुलिस बल के सोझा उनका लो के एकहू ना चलल।

अभियान के दौरान डॉ. अश्वनी अग्रवाल के चहारदीवारी, सत्यवीर यादव के सीमेंट गोदाम, अनुपम जायसवाल के पौधशाला आ मुर्गी फार्म के चहारदीवारी समेत 15 एकड़ ले अतिक्रमण हटाके जमीन खाली करावल गइल। तकरीबन 2.50 एकड़ में मुर्गी फार्म के चहारदीवारी तूड़ दिहल गइल। एही दौरान लगभग 400 वर्ग मीटर में बनल मुर्गी शेड के दू दिन के भीतर खाली करावे के समय दिहल गइल बा। शेड के अलावा पूरा जमीन से अतिक्रमण हटा दिहल गइल बा।

ए जमीन के खाली होखला से खोराबार टाउनशिप में माइवान टेक्नोलाजी से बने वाला ईडब्ल्यूएस आ एलआईजी भवनन के निर्माण के काम सुरु हो जाईं। एकरा अलावा खोराबार आवासीय टाउनशिप खातिर अधिग्रहित भूमि में लगभग 120 वर्ग मीटर भूमि पऽ विनोद विश्वकर्मा के ओर से करावल जा रहल पक्का मकान निरमानो के ध्वस्त कइल गइल। जीडीए उपाध्यक्ष आनंद वर्द्धन बतवले कि खोराबार आवासीय योजना खातिर अधिग्रहीत जमीन से अतिक्रमण हटावे से योजना के निर्माण आ विकास वाला काम के गति मिली।

 

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.