[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: पुरान रंजिश से नाराज सिपाही दारोगा पर कइलस हमला, माथा पऽ मरलस ईंटा से, दांत से काट के कइलस घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gorakhpur News: कुछ समय पहिले दारोगा आ सिपाही शाहपुर थाना पऽ तैनात रहलें। एही दौरान वसूली के शिकायत मिलला पऽ एसएसपी पूरा प्रकरण के जांच करवले रहलें। शिकायत सही मिलला पऽ एसएसपी  सिपाही के निलंबित कऽ देले रहलें। एकरा बाद से उऽ पुलिस लाइन में बाड़न आ दारोगा के निलंबन के आरोपित मानता रहलें। घूम-घूम के उऽ विभाग के लोगन से दारोगा के अपशब्द कहत घूमत रहलें।

चिलुआताल के बरगदवा चौकी पऽ बियफे के दारोगा आ सिपाही में जमके मारपीट भइल। सिकरीगंज थाना में तैनात दारोगा सरकारी काम से चौकी पर पहुंचल रहलें। वसूली के प्रकरण में निलंबित सिपाहीयो  कवनो काम से उहाँ पहुंच गइले।

आरोप बा कि सिपाही ईंट से दारोगा के माथा प हमला कइलस आ दांतो से काट लेलस। ओहिजा दारोगा बचाव में धकेललस तऽ सिपाही के मुह प चोट लागल बा। ओने विवाद देख के चौकी प्रभारी बाहर आ गइले आ मामला के शांत कराके दुनु जाना में समझौता करा देले। एही बीच कहीं से एसएसपी के घटना के जानकारी भइला पऽ एसएसपी डा. गौरव ग्रोवर पूरा प्रकरण पऽ चिलुआताल थाना प्रभारी से रिपोर्ट मंगले बाड़न। एसएसपी बतवले कि रिपोर्ट अइला के बाद आगे के कारवाई होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]