Lok Sabha Election 2024:  गोरखपुर सांसद रवि किशन 10 मई के करिहें नामांकन, आउर प्रत्याशियन के तारीख भइल घोषित

By Anurag Ranjan

Published on: May 3, 2024

गोरखपुर। लोकसभा चुनाव के सरगर्मी अपना चरम पs पहुंच गइल बा। दु चरण के मतदान हो चुकल बा आ तीसरा चरण के मतदान सात मई के होखे वाला बा। एह बीच बाकी बंचल चरण खातिर

Share

गोरखपुर। लोकसभा चुनाव के सरगर्मी अपना चरम पs पहुंच गइल बा। दु चरण के मतदान हो चुकल बा आ तीसरा चरण के मतदान सात मई के होखे वाला बा। एह बीच बाकी बंचल चरण खातिर नामांकन के प्रक्रिया जारी बा। गोरखपुर-बस्ती में एक जून के होखे वाला मतदान के लेके एक ओर जहां प्रशासनिक तइयारी तेजी में बा। ओहिजा, अब प्रत्याशियन के नामांकन के तिथि के घोषणा होखे लागल बा।

भाजपा प्रत्याशियन के नामांकन 10 के 

भाजपा प्रत्याशियों के नामांकन के तिथि तय कs दिहल गइल बा। गोरखपुर, बांसगांव, महराजगंज लोकसभा क्षेत्र में 10 मई के नामांकन होई। एह दौरान भोजपुरी सुपरस्टार आ भाजपा के सांसद रवि किशन, कमलेश पासवान आ केंद्रीय वित्त राज्य मंत्री पंकज चौधरी आपन नामांकन करी लो।

ओहिजा, कुशीनगर सांसद पद प्रत्याशी विजय दूबे आ सलेमपुर से प्रत्याशी रविंद्र कुशवाहा सात मई के नामांकन करी लो। जबकि, देवरिया सीट पs भाजपा प्रत्याशी शशांक मणि त्रिपाठी आपन नामांकन नौ मई के करिहें।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ होइहें सामिल 

गोरखपुर संसदीय सीट से भाजपा उम्मीदवार आ वर्तमान सांसद भोजपुरी फिलिमन के सुपरस्टार रवि किशन के 10 मई के होखे वाला नामांकन में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सामिल रहिहें। बता दीं कि गोरखपुर संसदीय सीट से मुख्यमंत्री लगातार चुनाव जीतत आइल बाड़ें। सीएम बनला के बाद से उनका विरासत के संभारे के जिम्मा लगातार दूसरा बेर रवि किशन के मिलल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.