Gorakhpur Mahotsav: आज सार्वजनिक होई कलाकारन के नाम, चंपा देवी पार्क में तइयारी अंतिम दौर में

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 7, 2025

गोरखपुर। 10 जनवरी के गोरखपुर महोत्सव के सुभारंभ पर्यटन मंत्री जयवीर सिंह करिहें। कार्यक्रम स्थल चंपा देवी पार्क में तेजी से तइयारी चल रहल बा। कलाकारन के नाम पs अंतिम मुहर मंगर के लागी। आज

Share

gorakhpur mahotsav

गोरखपुर। 10 जनवरी के गोरखपुर महोत्सव के सुभारंभ पर्यटन मंत्री जयवीर सिंह करिहें। कार्यक्रम स्थल चंपा देवी पार्क में तेजी से तइयारी चल रहल बा। कलाकारन के नाम पs अंतिम मुहर मंगर के लागी। आज नाम सार्वजनिक कs दिहल जाई।

हालांकि, बॉलीवुड कलाकारन में ऋचा शर्मा, जुबिन नौटियाल बा लो। भोजपुरी कार्यक्रम खातिर रितेश पांडेय आ राधा श्रीवास्तव के नाम फाइनल भइल बा। एकरा संगही स्थानीय कलाकार मंच पs प्रस्तुति दी लो। स्कूलन के लईकन खातिर कार्यक्रम तइयार कइल गइल बा। एकरा संगही टैलेंट हंट प्रतियोगितो होई। महाकुंभ के थीम पs नृत्य नाटिका कइल जाई। मंच पs मंदिर जइसन सजावट कइल जा रहल बा।

अबकी बार पुस्तक मेला आउर बड़ होई। एमे लगभग 105 दुकान लगावल जाई। संगही हर जगहन से दुकानदार शिल्प मेला लगाई लो। इहां हर जिलन के ओडीओपी के जगह दिहल जाई। लगभग 300 स्टॉल बनावल जा रहल बा। क्षेत्रीय पर्यटन विभाग के उप निदेशक रवींद्र कुमार मिश्र बतवलें कि तेजी तइयारी चल रहल बा। कुछ काम अंतिम चरण में बा। कलाकारन के चयन कइल जा चुकल बा। मंगर के एकरा के सार्वजनिक कs दिहल जाई।

Gorakhpur Mahotsav: 12 जनवरी के आयोजित होई डॉग शो

गोरखपुर महोत्सव में 12 जनवरी के डॉग शो के आयोजन होई। लोगन के आपन डाॅग के शो में सामिल करे खातिर पंजीयन करावे के होई। एकरा खातिर फार्म वितरित होखे लागल बा। ई जानकारी उप पशु चिकित्साधिकारी डॉ. संजय श्रीवास्तव देलें। ऊ बतवलें कि डाॅग शो खातिर फाॅर्म पशु चिकित्सालय सदर, पशु चिकित्सालय चरगावां, पाली क्लिनिक, पशु चिकित्सालय खोराबार, पशु चिकित्सालय गोरखनाथ पs मिल रहल बा। फॉर्म जमा करे के अंतिम तिथि 11 जनवरी बा।

इहो पढ़ी: दिल्ली-NCR, यूपी आ बिहार में कांपल धरती, पटना में भूकंप के झटका से घर के बाहर निकलले लोग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.