गोरखपुर लिटरेचर फेस्टिवल के आगाज आज, साहित्य के दिग्गजन के होई जमावड़ा 

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 7, 2023

विमर्श सत्र, कवि सम्मेलन, नाटक आ संगीत के सजी महफिल गोरखपुर: शहर के साहित्यिक आ सांस्कृतिक विरासत के संजोवे वाला वैचारिक महाकुंभ गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल (Gorakhpur Literary Festival) के भव्य सुरुआत आज 11 बजे से

Share

विमर्श सत्र, कवि सम्मेलन, नाटक आ संगीत के सजी महफिल

गोरखपुर: शहर के साहित्यिक आ सांस्कृतिक विरासत के संजोवे वाला वैचारिक महाकुंभ गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल (Gorakhpur Literary Festival) के भव्य सुरुआत आज 11 बजे से बैंक रोड इस्थित विवेक उत्सव लॉन में होई। 11 गो वैचारिक विमर्श सत्र, 02 गो संगीत सत्र, 02 गो काव्य सत्र आ 01 गो नाट्य सत्र के संगे आयोजित होखे वाला एह दु दिवसीय आयोजन में साहित्य, कला, संस्कृति, राजनीति, पत्रकारिता, रंगमंच आ संगीत जगत के नामचीन हस्ती सामिल होई।

आज के कार्यक्रम के रूपरेखा

केरल के राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान होइहें मुख्य अतिथि 

सबेरे 11 बजे से आयोजित लोकतंत्र आ साहित्य विषयक उद्घाटन सत्र में केरल के राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान बतौर मुख्य अतिथि सामिल रहिहें। एही सत्र में बतौर मुख्य वक्ता प्रख्यात साहित्यकार मृदुला गर्ग, बतौर विशिष्ट अतिथि वरिष्ठ पत्रकार अजय कुमार सिंह उपस्थित रही लोग। एह सत्र के अध्यक्षता साहित्य अकादमी के पूर्व अध्यक्ष वरिष्ठ साहित्यकार प्रो. विश्वनाथ प्रसाद तिवारी करिहें।

दुपहरिया डेढ़ बजे से साहित्य में नॉस्टेल्जिया विषयक साहित्य सत्र में अनामिका, हृषिकेश सुलभ, प्रभात रंजन आ चन्द्रशेखर वर्मा जइसन प्रख्यात साहित्यकार आपन विचार रखी लोग।

एकरा बाद गोरखपुर के चमकते सितारे विषयक तीसरका सत्र में दुपहरिया तीन बजे से बॉलीवुड सिंगर बृजेश शांडिल्य, साहित्यकार बालेंदु द्विवेदी आ बॉलीवुड सिंगर अविनाश नारायण रूबरू होई लोग।

सांझ चार बजे शामे ग़ज़ल में जहां प्रख्यात ग़ज़ल गायिका डॉ. प्रभा श्रीवास्तव सुर के महफ़िल सजइहें, ओहिज एकरा बाद सांझ पांच बजे आयोजित पांचवा सत्र में साहित्यकार आ लेखक हृषीकेश सुलभ के चर्चित उपन्यास दातापीर पs गीताश्री उनका से वार्ता करिहें।

कार्यक्रम के पहिला दिन के ढलत सांझ दीप्ति नवल के संगे सिनेमा आ साहित्य के सफरनामा विषय पs गुफ्तगू आ देर सांझ सात बजे से दर्पण आउर रंगमंडल के संयुक्त प्रस्तुति नाटक गूंज उठी शहनाई से पूरा होई।

8 जनवरी के कार्यक्रम के सूची

निशुल्क बा प्रवेश

कार्यक्रम आयोजन समिति के सदस्य डॉ. हर्षवर्धन राय, डॉ. संजय कुमार श्रीवास्तव, अचिन्त्य लाहिड़ी आ शैवाल शंकर बतावल लोग कि लिटफेस्ट के अतिथियन के आगमन सुरू हो गइल बा। आयोजन से संबंधित सब तइयारी लगभग पूरा कइल जा चुकल बा। ऊ लोग शहर के लोगन से बड़ संख्या में कार्यक्रम में सामिल होके कार्यक्रम के सफल बनावे के अपील कइल। बता दीं की समूचा आयोजन में प्रवेश निशुल्क बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.