गोरखपुर: बाढ़ के वजह से बुखार अउर चर्म रोगियन के बढ़ल संख्या, ओपीडी फुल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2022

गोरखपुर में बाढ़ कके वजह से बुखार अउर चर्म रोग के मरीजन के संख्या बढ़त जा रहल बा। जिला अस्पताल अउर बीआरडी मेडिकल कॉलेज के चर्म रोग विभाग के ओपीडी फुल होत जा रहल बा।

Share

गोरखपुर में बाढ़ कके वजह से बुखार अउर चर्म रोग के मरीजन के संख्या बढ़त जा रहल बा। जिला अस्पताल अउर बीआरडी मेडिकल कॉलेज के चर्म रोग विभाग के ओपीडी फुल होत जा रहल बा। डॉक्टर बचवन, महिला अउर बुजुर्गन के बाढ़ के पानी से बचले के सलाह दे रहल बानें। काहेसेकि, बाढ़ के पानी से संक्रमण के खतरा अधिक बा।
जिला अस्पताल के चर्मरोग विशेषज्ञ डॉ एनके वर्मा बतवलें कि पिछले दिन भइल बारिश के बाद अचानक तेज धूप दू दिन से हो रहल बा। सूरज के पैराबैंगनी किरण के असर अइसन बा कि सनर्बन के साथ शरीर के अंदरूनी हिस्सा में फंगस के समस्या उत्पन्न होखे लागल बा। उहवें, बाढ़ प्रभावित इलाका के मरीज में चर्म रोग के समस्या बढ़ गइल बा।
कहलें कि लोग के बाढ़ के पानी से बचले के सलाह दीहल जा रहल बा। सथही हिदायत देहल गइल बा कि पानी के उबाल के पीएं। जिला अस्पताल के एमडी फिजिशियन डॉ राजेश कुमार बतवलें कि सर्द अउर गर्मी के मौसम शुरू हो गइल बा। एकरे वजह से बुखार के मरीजन के संख्या भी बढ़ गइल बा।

बीआरडी मेडिकल कॉलेज के एसआईसी डॉ राजेश कुमार बतवलें कि बुखार अउर चर्मरोग के मरीजन के संख्या ओपीडी में बढ़ल बानें।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.