गोरखपुर: हल्लुको बोखार के भी न करीं नजरअंदाज, तुरन्ते पहुंच जाईं अस्पताल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 12, 2022

डेंगू, इंसेफेलाइटिस, चिकनगुनिया, स्वाइन फ्लू अउर कोविड जइसन संक्रामक बीमारियन के सामान्य लक्षण में बुखार शामिल बा। एहलिए, हल्लुक बोखार के भी नजरअंदाज न करीं। आशा कार्यकर्ता के बताईं अउर तत्काल नजदीकी सरकारी अस्पताल पहुंचीं।

Share

डेंगू, इंसेफेलाइटिस, चिकनगुनिया, स्वाइन फ्लू अउर कोविड जइसन संक्रामक बीमारियन के सामान्य लक्षण में बुखार शामिल बा। एहलिए, हल्लुक बोखार के भी नजरअंदाज न करीं। आशा कार्यकर्ता के बताईं अउर तत्काल नजदीकी सरकारी अस्पताल पहुंचीं। इहां निशुल्क इलाज होई।

आशा अउर आंगनबाड़ी कार्यकर्ता ई संदेश 21 अक्तूबर तक चले वाले दस्तक पखवाड़ा के तहत घर-घर पहुंचा रहल बाड़ी मुख्य चिकित्सा अधिकारी डॉ. आशुतोष कुमार दुबे बतवलें कि आपातकालीन स्थिति में अस्पताल पहुंचे खातिर 108 नंबर के निशुल्क एंबुलेंस सेवा के भी इस्तेमाल कइल जा सकsता। बतवलें कि अभियान के मुख्य मकसद इंसेफेलाइटिस अउर मच्छरजनित रोग पर नियंत्रण करे वाला बा।

ई जानकारी दे रहल बाड़ी आशा अउर आंगनबाड़ी कार्यकर्ता

  • वातावरणीय अउर व्यक्तिगत स्वच्छता।
  • खुलहा में शौच न करीं।
  • हाथ धोअले के महत्व अउर सही तरीका।
  • असुरक्षित जल स्रोत के उपयोग न कइल।
  • स्वच्छ पेयजल के इस्तेमाल।
  • कुपोषण के कारण अउर बचाव के उपाय।
  • मच्छरन से बचल।
  • निकटवर्ती सरकारी अस्पताल के जानकारी अउर अप्रशिक्षित चिकित्सक से इलाज न करावे के सलाह।
  • चूहा अउर छछूंदर पs नियंत्रण के उपाय।
  • क्षय रोग के लक्षण अउर बचाव।
  • बुखार होखले पर अस्पताल गइले के संदेश

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.