गोरखपुर में सहायक अध्यापिका के नौकरी के नाम प चार लाख क ठगी, फर्जी नियुक्ति पत्र से फंसावाल

By Shweta Supriya

Published on: Sep 6, 2026

गोरखपुर। सहायक अध्यापिका के नौकरी दिलोले के नाम प महिला से चार लाख रुपया ठगले के मामला सामने आइल बा। आरोप बा कि शिक्षा विभाग में चतुर्थ श्रेणी कर्मचारी प्रबंधकीय कोटा से जवाहर इंटर कालेज,

Share

गोरखपुर। सहायक अध्यापिका के नौकरी दिलोले के नाम प महिला से चार लाख रुपया ठगले के मामला सामने आइल बा। आरोप बा कि शिक्षा विभाग में चतुर्थ श्रेणी कर्मचारी प्रबंधकीय कोटा से जवाहर इंटर कालेज, पादरी बाजार में नियुक्ति करावे के झांसा देकर नकद आ आनलाइन माध्यम से रुपया लिहल|

एकरे बाद फर्जी नियुक्ति पत्र आर जिला विद्यालय निरीक्षक (डीआइओएस) के हस्ताक्षर वाला कथित कार्यमुक्त आदेश  थमा दिहल| फर्जीवाडी के पता चलले प रुपया मगले  आरोपित  गाली-गलौज कइ के जान से मरले  क धमकी दीहल। पीड़िता के तहरीर प सनीचर के गोरखनाथ पुलिस  मुकदमा दर्ज कइ के० जांच शुरू कइ देले बिया|
पुरान गोरखपुर निवासी विनीता शुक्ला पुलिस के बतोली कि करीब एक वर्ष पहले उनकर पहचान पड़ोस में किराया प रहे वाली हेमा श्रीवास्तव से भइल। हेमा अपने भतीजा सत्यम श्रीवास्तव निवासी तेनुआ, गीडा से उनकर मुलाकात करोली|

आरोप बा कि हेमा  बतोले  रहली कि सत्यम के उ बचपन से पल्ले रहली आ उ शिक्षा विभाग में काम करेला । विभाग में ओकर अच्छा पकड़ बा आ वर्तमान में भटहट बीआरसी में चतुर्थ श्रेणी कर्मचारी के पद प तैनात बा। आरोप बा कि सत्यम बिनीता आ उनकररा पति के प्रबंधकीय कोटा से जवाहर इंटर कालेज में सहायक अध्यापिका के नौकरी दिलावे के भरोसा दिलवलस| एकरे खातिर उ अपने आ एगो करीबी के बैंक खाता में नकद आ आनलाइन माध्यम से कुल चार लाख रुपिया लिहल।

कुछ दिन बाद जवाहर इंटर कालेज के नियुक्ति पत्र देकर ज्वाइनिंग के खातिर भेज दिहल।पीड़िता जब कालेज पहुंचली त उहां नियुक्ति पत्र के फर्जी बतावल गइल। एकरा बाद आरोप बा कि सत्यम जिला विद्यालय निरीक्षक के फर्जी हस्ताक्षर वाला कार्यमुक्त आदेस बनाके दे ददेलस। जांच में उहो फर्जी निकलल।

पीड़िता जब रुपया वापस मंगलस त आरोपित पहले टालमटोल करत रहे। बाद में फोन प गाली-गलौज करत जान से मरले के धमकी देलस। पीड़िता  एसएसपी के प्रार्थना पत्र देके मुकदमा दर्ज कइले आ रकम वापस करावे आ परिवार के  सुरक्षा के मांग कइले बाड़ी। सीओ गोरखनाथ रवि कुमार सिंह बतवले कि आरोप के जांच चलत बा। साक्ष्य के आधार प आगे कार्रवाई होई।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.