Google Map : गूगल मैप के गलती से यूपी पुलिस अभ्यर्थी पहुंच गइल लोग परीक्षा केंद्र से 59 किलोमीटर दूर

Share

शामली। उत्तर प्रदेश पुलिस भरती परीक्षा देवे जा रहल सइयन गो अभ्यर्थियन के गूगल मैप पs भरोसा भारी पड़ गइल। परीक्षा के तीन दिन में 300 से जादे अभ्यर्थी मुजफ्फरनगर में बनल परीक्षा केंद्र के जगह शामली जिला के चौंदाहेड़ी गांव के खेत में इस्थित एगो नलकूप पs पहुंच गइल लाेग।

ग्रामीणन के मदद से कइयन गो अभ्यर्थी समय पs परीक्षा केंद्र पहुंच गइल लोग, बाकिर 50 से जादे जुवकन के परीक्षा छूट गइल।

गूगल मैप देख के गलत रास्ता पकड़ लिहल लोग अभ्यर्थी

सब अभ्यर्थियन के परीक्षा केंद्र मुजफ्फरनगर इस्थित दीपचंद ग्रेन चैंबर इंटर कॉलेज में तय भइल रहे। बाहर के शहर होखे के कारण समय पs केंद्र पहुंचे खातिर अभ्यर्थी गूगल मैप के सहारा लिहल लोग। गूगल मैप के निरदेस माने के दौरान जुवक मुजफ्फरनगर जाये के बजाय शामली के ओर बढ़ गइल लोग। मैप में परीक्षा केंद्र के गलत लोकेशन देखावे के कारण अभ्यर्थी चौंदाहेड़ी गांव के खेत में पहुंच गइल लोग।

भाकियू युवा के पूर्व जिला अध्यक्ष आशीष चौधरी बतवलें कि गूगल मैप पs दीपचंद ग्रेन चैंबर इंटर कॉलेज के लोकेशन के जगह उनका घर के पीछे खेत में मवजूद एगो निजी ट्यूबवेल के अस्थान दिखाई देत रहे।

जब अभ्यर्थी उहां पहुंचल लोग तs चारो ओर खाली खेत आ नलकूप देख के परेसान हो गइलें। ओकरा बाद ग्रामीण लोग उनकर मदद कइल आ सही परीक्षा केंद्र तक पहुंचावे में सहजोग कइल।

तीन दिन में 300 से जादे अभ्यर्थी पहुंचलें नलकूप पs

ग्रामीणन के मोताबिक, लगातार तीन दिन तक सबेरे से सांझ ले अभ्यर्थी गलत लोकेशन पs पहुंचत रहल लोग। तीन दिन में 300 से जादे जुवक खेत आ नलकूप पs आके परीक्षा केंद्र के बारे में पूछताछ कइलें।ग्रामीण लोग 200 से जादे अभ्यर्थियन के सही समय पs परीक्षा केंद्र पहुंचावे में मदद कइल।

50 से जादे अभ्यर्थियन के छूट गइल परीक्षा

गलत लोकेशन के कारण परीक्षा केंद्र नलकूप से करीब 59 किलोमीटर दूर रहे। रास्ता खोजे आ समय बीत गइला के कारण 50 से जादे अभ्यर्थी परीक्षा ना दे सकल लोग।

आशीष चौधरी सहित कइयन गो ग्रामीण एह ममिला के लेके एसडीएम ऊन आ एसपी शामली से शिकायत कइले बा लोग। ग्रामीणन के मांग बा कि भविष्य में अइसन गलती ना होखे, एह खातिर गूगल मैप पs गलत लोकेशन के सुधार करावल जाये।

Read Also: Petrol-Diesel Rules : पेट्रोल-डीजल किने के नियम बदलल, अब पेट्रोल पंप से एक दिन में खाली 200 लीटर तक तेल मिली, सरकार लगवलस नया लिमिट

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-