Google Doodle: मार्च के आखिरी हाफ मून पs गूगल बनवलस सानदार डूडल, खेल सकत बानी गेम

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 19, 2025

टेक डेस्क : गूगल मार्च के अंतिम हाफ मून (अर्धचंद्र) के जश्न एगो इंटरएक्टिव आ मजेदार डूडल के संगे मनावल गइल बा। एह विशेष डूडल में एगो कार्ड गेम सामिल बा, जवन खिलाड़ियन के चंद्र

Share

Google Doodle: मार्च के आखिरी हाफ मून पs गूगल बनवलस सानदार डूडल, खेल सकत बानी गेम

टेक डेस्क : गूगल मार्च के अंतिम हाफ मून (अर्धचंद्र) के जश्न एगो इंटरएक्टिव आ मजेदार डूडल के संगे मनावल गइल बा। एह विशेष डूडल में एगो कार्ड गेम सामिल बा, जवन खिलाड़ियन के चंद्र चक्र (लूनर साइकल) के जानकारी के परखत बा। एह गेम में यूजर्स के चनरमा के खिलाफ मुकाबला करे के होला, जहां उनका के अलग-अलग चंद्र चरणन के मिलान करे के होला आ अंक अर्जित करे के होला। जदि खिलाड़ी चनरमा के हरा देत बा, तs ओकरा के विशेष पुरस्कारो मिल सकत बा, जवना से गेम के अनुभव आउर रोमांचक हो जाला।

मार्च के हाफ मून के महत्व

मार्च के महीना “वर्म मून” (Worm Moon) खातिर प्रसिद्ध बा, जब जमल माटी पिघले लागेला आ सर्दियन के बाद कीड़ा-मकोड़ा सतह पs आइल सुरू करत बा। गूगल डूडल के ई गेम एही प्राकृतिक बदलाव के अनुरूप बनावल गइल बा, जेमे खिलाड़ियन के अलग-अलग स्तरन के पार करे के होला आ चार नया वाइल्ड कार्ड्स के अनलॉक करे के मवका मिलत बा। जे खिलाड़ी एह चुनौती के पूरा कs लेत बा, ऊ अपना हाई स्कोर के साझा कs सकत बा लो आ अपना दोस्तन के संगे आपन चंद्र विशेषज्ञता के तुलना कs सकत बा लो।

फादर्स डे खातिर विशेष गूगल डूडल

हाफ मून के संगे-संगे, गूगल आज फादर्स डे के सम्मानित कs रहल बा। हालांकि, ई डूडल हर देस में उपलब्ध नइखे, बाकिर एकरा के बोलीविया, होंडुरास, पुर्तगाल, स्पेन आ इटली में देखल जा सकत बा। एह विशेष श्रद्धांजलि के माध्यम से गूगल एह देस में फादर्स डे के महत्व के उजागर कs रहल बा। गूगल के ई नवीनतम डूडल शिक्षा आ मनोरंजन के एक संगे जोड़त बा, जवना से यूजर्स के ना खाली चंद्र घटनन के बारे में मजेदार जानकारी मिलत बा, बलुक एगो रोमांचक गेमिंग अनुभवो मिलेला।

Read Also: डॉक्टर फर्जी डिग्री प्रकरण: व्हाट्सएप चैट से मिलल सुराग… एह विश्वविद्यालय के कुलाधिपति से होई पूछताछ

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.