[the_ad_group id="30365"]

खुशख़बरी : केंद्रीय कर्मचारियन के DA में 4% बढ़ोतरी के नरेंद्र मोदी कैबिनेट के मंज़ूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिवाली से पहिले केंद्रीय कर्मचारी के ओर से एगो बड़ उपहार मिलल रहे। नरेंद्र मोदी मंत्रिमंडल केन्द्रीय कर्मचारियन के डीए में 4% बढ़ोतरी के मंजूरी दे दिहलस। अब केंद्रीय कर्मचारी के महंगाई भत्ता में चार प्रतिशत के बढ़ोतरी भईल बा। एकरा के मोदी सरकार के कर्मचारियन के बड़हन तोहफा मानल जा रहल बा।बढ़ल भत्ता के बाद कर्मचारियन के डीए 42 से बढ़ के 46 फीसदी हो गइल बा। पहिले से उम्मीद रहे कि महंगाई भत्ता में 4 प्रतिशत के बढ़ोतरी होई लेकिन अब मोदी मंत्रिमंडल ए फैसला के मंजूरी दे देले बिया। एकर औपचारिक घोषणा आजुओ कइल जा सकेला। केंद्र सरकार के ए फैसला से देश के करीब एक लाख केंद्रीय कर्मचारी अवुरी पेंशनभोगी के फायदा होई। एकरा के सरकार के दिवाली के उपहार के रूप में देखल जा रहल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]