Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

खुशख़बरी : केंद्रीय कर्मचारियन के DA में 4% बढ़ोतरी के नरेंद्र मोदी कैबिनेट के मंज़ूरी

दिवाली से पहिले केंद्रीय कर्मचारियन के एगो बड़हन तोहफा मिलल बा। नरेंद्र मोदी मंत्रिमंडल केंद्रीय कर्मचारियन के डीए में 4%ढ़ोतरी के मंजूरी दे दिहले बा। 

402

 

दिवाली से पहिले केंद्रीय कर्मचारी के ओर से एगो बड़ उपहार मिलल रहे। नरेंद्र मोदी मंत्रिमंडल केन्द्रीय कर्मचारियन के डीए में 4% बढ़ोतरी के मंजूरी दे दिहलस। अब केंद्रीय कर्मचारी के महंगाई भत्ता में चार प्रतिशत के बढ़ोतरी भईल बा। एकरा के मोदी सरकार के कर्मचारियन के बड़हन तोहफा मानल जा रहल बा।बढ़ल भत्ता के बाद कर्मचारियन के डीए 42 से बढ़ के 46 फीसदी हो गइल बा। पहिले से उम्मीद रहे कि महंगाई भत्ता में 4 प्रतिशत के बढ़ोतरी होई लेकिन अब मोदी मंत्रिमंडल ए फैसला के मंजूरी दे देले बिया। एकर औपचारिक घोषणा आजुओ कइल जा सकेला। केंद्र सरकार के ए फैसला से देश के करीब एक लाख केंद्रीय कर्मचारी अवुरी पेंशनभोगी के फायदा होई। एकरा के सरकार के दिवाली के उपहार के रूप में देखल जा रहल बा।

 

665010cookie-checkखुशख़बरी : केंद्रीय कर्मचारियन के DA में 4% बढ़ोतरी के नरेंद्र मोदी कैबिनेट के मंज़ूरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.