[the_ad_group id="30365"]

छपरा में स्वर्ण कारोबारी के गला रेतके हत्या: दु दिन बाद घर में मिलल लाश, बियाह में सामिल होखे हाजीपुर गइल रहे परिवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में स्वर्ण कारोबारी जय प्रकाश(52) के हत्या कs दिहल गइल बा। बुध के दु दिन बाद घर से लाश बरामद कइल गइल बा। घटना रिविलगंज थाना के रिविलगंज बाजार के हs। मृतक रिविलगंज बाजार में ज्वेलरी के दुकान चलावत रहस। परिवार के सब लोग बियाह में सामिल होखे खातिर हाजीपुर गइल रहे। एही बीच अपराधी हत्या के वारदात के अंजाम दिहले सs। ममिला के खुलासा तब भइल जब परिवार के लोग दु दिन बाद बुध के वापस लवटल। घर के ताला खोले के बाद कमरा में जय प्रकाश के लाश लहूलुहान हालत में मिलल। शव के गर्दन पs धारदार हथियार के निशान मिलल बा।

मृतक के परिजन लोग बतावल कि परिवार के सब लोग एगो बियाह में सामिल होखे खातिर 1 मई के हाजीपुर चल गइल रहे। बाकिर जयप्रकाश आर्य ज्वेलरी शॉप के चलते ना जा सकल रहस। बुध के परिवार के सब सदस्य वापस लवटले तs घर में बाहर से ताला बंद रहे। ताला खोलके जब लोग अंदर पहुंचल तs सब लोग सन्न रह गइल। कमरा में जय प्रकाश आर्य के लाश लहूलुहान अवस्था में पड़ल रहे। गर्दन पs धारदार हथियार के निशान मिलल बा।

रिविलगंज थाना अध्यक्ष ओम प्रकाश चौहान बतवलें कि रिविलगंज बाजार इस्थित एगो स्वर्ण कारोबारी के गला रेत के हत्या करे के ममिला सामने आइल बा। पुलिस जांच में जुट गइल बिया। फिलहाल पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेज दिहल गइल बा। फिलहाल पुलिस सब बिंदुअन पs जांच कs रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]