Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राष्ट्रपति आडवाणी के घरे जाकर भारत रत्न देलें : PM मोदी, उपराष्ट्रपति धनखड़ मवजूद रहलें; बिहान चार शख्सियतन के सम्मानित कइल गइल रहे

183

भाजपा के वरिष्ठ नेता लालकृष्ण आडवाणी के आज देस के सर्वोच्च नागरिक सम्मान भारत रत्न दिहल गइल। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू उनका घरे जाके उनका भारत रत्न से सम्मानित कइली। एह मवका पs प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ आ पूर्व उपराष्ट्रपति एम. वेंकैया नायडू उपस्थित रहे लो।

न्यूज एजेंसी एनआई बतवलस कि आडवाणी के खराब स्वास्थ्य के कारण ई फैसला लिहल गइल बा। प्रधानमंत्री मोदी तीन फरवरी के उनका के भारत रत्न देवे के घोषणा कइले रहलें। ऊ पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी आ भाजपा के संस्थापक सदस्य नानाजी देशमुख के बाद ई सम्मान पावे वाला भाजपा आ RSS से जुड़ल तीसरका नेता हवे।

नरसिम्हा राव सहित 4 शख्सियतन के मरणोपरांत भारत रत्न

राष्ट्रपति सनीचर के (30 मार्च) के राष्ट्रपति भवन में चार शख्सियतन के मरणोपरांत भारत रत्न से सम्मानित कइल बा। एमे पूर्व प्रधानमंत्री चौधरी चरण सिंह, पूर्व प्रधानमंत्री पीवी नरसिम्हा राव, बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री कर्पूरी ठाकुर आ कृषि वैज्ञानिक डॉ. एमएस स्वामीनाथन सामिल बाड़ें।

चारो शख्सियतन के परिजन लोग राष्ट्रपति भवन में ई सम्मान हासिल कइलें। नरसिम्हा राव के बेटा पीवी प्रभाकर राव, चौधरी चरण सिंह के पोता जयंत चौधरी, कर्पूरी ठाकुर के बेटा रामनाथ ठाकुर आ एमएस स्वामीनाथन के बेटी नित्या राव राष्ट्रपति से ई सम्मान लेली।

778240cookie-checkराष्ट्रपति आडवाणी के घरे जाकर भारत रत्न देलें : PM मोदी, उपराष्ट्रपति धनखड़ मवजूद रहलें; बिहान चार शख्सियतन के सम्मानित कइल गइल रहे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.