Viral Video: लइकी गली क्रिकेट में लगइलस शानदार शॉट, लोग लो Sachin Tendulkar से कइले तुलना

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 16, 2024

  भारत के जनता क्रिकेट से केतना प्यार करेले, इs कवनो भारतीय से छिपल नईखे। एहिजा के लोग खातिर क्रिकेट कवनो खेल ना होके एगो भाव हs, एही से भारत में क्रिकेट के त्योहार निहन

Share

 

भारत के जनता क्रिकेट से केतना प्यार करेले, इs कवनो भारतीय से छिपल नईखे। एहिजा के लोग खातिर क्रिकेट कवनो खेल ना होके एगो भाव हs, एही से भारत में क्रिकेट के त्योहार निहन मनावल जाला। एगो समय रहे जब भारत में खाली मरद लोग क्रिकेट खेलत रहे। मतलब कि एकरा के खाली मरद लोग खातिर खेल मानल जात रहे। लेकिन जईसे-जईसे समय बदलत गईल, लोग के सोच भी बदलत गईल अवुरी महिला के भी ए खेल में प्रचार-प्रसार भईल। आज बहुत महिला क्रिकेटर भारत के गौरवान्वित कs रहल बाड़ी। एही बीच सोशल मीडिया पs एगो लईकी के बल्लेबाजी के वीडियो वायरल हो रहल बा, इs देख के आपके दिन कवन बन जाई।

लोग तुलना सचिन तेंदुलकर से करत रहले

ई वीडियो माइक्रो ब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म एक्स (पहिले ट्विटर) पs @ChapraZila नाम के एगो पेज से शेयर कइल गइल बा। खबर लिखे के समय तक 80 हजार से ज्यादा लोग वीडियो देख चुकल बाड़े। वीडियो देखला के बाद लोग लईकी के खूब तारीफ करतारे। एगो यूजर लईकी के तुलना सचिन तेंदुलकर से करत ओकरा के ‘लेडी सचिन तेंदुलकर’ कहले। एगो यूजर लिखले बा – भविष्य में भारतीय महिला क्रिकेट के खाली अइसने लइका-लइकी समृद्ध करीहें। एगो यूजर लईकी के भविष्य के स्मृति मंधाना बतवले। एगो अउरी यूजर लिखले बा – खेलत रहऽ, एक दिन भारतीय टीम में शामिल होखे के पड़ी।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.