[the_ad_group id="30365"]

Giriraj Singh Nomination: गिरिराज सिंह कब करिहें नामांकन? तारीख आइल सामने; बेगूसराय लोकसभा सीट से बाड़न उम्मीदवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Begusarai News बेगूसराय लोकसभा सीट पऽ नामांकन के प्रक्रिया आज से शुरू हो गइल बा। ए सीट पऽ जहां एनडीए गठबंधन के ओर से भाजपा प्रत्याशी गिरिराज सिंह बाड़े तऽ ओहिजा इंडी गठबंधन के ओर से भाकपा के उम्मीदवार अवधेश राय होइहे। दुनु नेता जोर शोर से प्रचार में जुटल बा। पिछिलका बेर कन्हैया कुमार मैदान में उतरल रहले।

बेगूसराय। लोकसभा चुनाव के लेके आज से नामांकन शुरू भइल। पहिलका दिन आइएनडीआइए के भाकपा उम्मीदवार अवधेश कुमार राय आपन नामांकन पत्र दाखिल करिहें। ओहिजा दूसरका दिन शुक 19 अप्रैल के एनडीए के भाजपा उम्मीदवार गिरिराज सिंह (Giriraj Singh) आपन नामांकन पत्र दाखिल करिहें।

अवधेश कुमार राय करिहें जनसभा, तेजस्वी होइहें शामिल

अवधेश कुमार राय के नामांकन के उपरान्त उनका पक्ष में पुलिस लाइन में चुनावी सभा के आयोजन कइल गइल बा। ए जनसभा में बिहार के पूर्व उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव, कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष अखिलेश प्रसाद सिंह, माले के दीपांकर भट्टाचार्य, भाकपा के राष्ट्रीय सचिव सहित आउर बड़ नेता लो शामिल होई।

उहे, गिरिराज सिंह के नामांकन के उपरान्त जीडी कालेज परिसर में नामांकन सह आशीर्वाद सभा के आयोजन कइल गइल बा।

सभा में बिहार के उप मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी, लोजपा रामविलास के राष्ट्रीय अध्यक्ष चिराग पासवान, जदयू के प्रदेश अध्यक्ष उमेश कुशवाहा, बिहार सरकार के मंत्री मदन सहनी समेत आउर नेता लो शामिल होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]