[the_ad_group id="30365"]

Ghazipur News : गाजीपुर में दूगो लईका जिंदा जरले सs, गैस रिसाव से लागल भीषण आग, पल भर में खाक हो गइल दूगो जिनगी

Ghazipur Gas Leak Fire Tragedy
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गाजीपुर। जमानियां कोतवाली के देवढ़ी गांव में सोमार के सबेरे करीब सात बजे एगो हृदय विदारक घटना घटल। गैस रिसाव के चलते कमरा में भीषण आग लाग गइल, जवना में दूगो लईका जिंदा जर गइले सs। दुनो लईकन के घटनास्थले पs मौत हो गइल। घटना के बाद परिवार में चीख-पुकार मच गइल। गांव के लोग बहुत कोसिस कs के आग पs काबू पावल।

देवढ़ी गांव के निवासी ट्रक ड्राइवर संजय शर्मा के घर में सोमार के सबेरे करीब सात बजे गैस रिसाव के बाद अचानक आग लाग गइल। कमरा में एगो बाइक खड़ा रहे, जवन पहिले आग के चपेट में आ गइल। कुछे देर में आग तेजी से फइल गइल आ विकराल रूप ले लेलस।

आग से कमरा घिरल देख संजय शर्मा के 12 साल के बड़ बेटा विशाल शर्मा आ पड़ोसी मुन्नी लाल यादव के 10 साल के बड़ बेटा सुंदरम यादव खुद के बचावे खातिर कमरा में बनल पटनी पs चढ़ गइल लो। बाकिर आग के लपट तेज होखे के चलते दुनो लईका ओकरा चपेट में आ गइलें। गंभीर रूप से झुलसे के चलते दुनो के मवके पs मौत हो गइल।

घटना के जानकारी मिलतही गांव में अफरा-तफरी मच गइल। परिवार के लोगन के रो-रो के बुरा हाल हो गइल। ग्रामीण लोग जुट के आग बुझावल। घटना के बाद गांव में मातम पसर गइल आ हर कोई एह दर्दनाक हादसा से स्तब्ध बा।

Read Also: Tiranga Disrespect : ‘देस के अपमान के भारी कीमत चुकावे के पड़ी’, न्यूयॉर्क में तिरंगा के अनादर पs भड़कलें किरेन रिजिजू

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]