Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अमीर के सूची में मुकेश अंबानी के घाटा, इहाँ गौतम अडानी एक दिन में 90,78,59,15,000 रुपया कमा लेले

दुनिया के अमीर लोग के सूची में मुकेश अंबानी के संपत्ति में गिरावट आईल बा। दूसर ओर अडानी एक दिन में हजारों करोड़ के धन जमा क लेले बाड़े।

345

अमीर के सूची में मुकेश अंबानी के घाटा, इहाँ गौतम अडानी एक दिन में 90,78,59,15,000 रुपया कमा लेले

दुनिया के अमीर लोग के सूची में मुकेश अंबानी के संपत्ति में गिरावट आईल बा। दूसर ओर अडानी एक दिन में हजारों करोड़ के धन जमा क लेले बाड़े।

मुकेश अंबानी : दुनिया के अरबपति के सूची में एशिया के सबसे अमीर आदमी मुकेश अंबानी के नुकसान भईल बा। मुकेश अंबानी अब एगो अउरी पायदान नीचे चल गइल बाड़न| साथही ओह लोग के धन में भी गिरावट आइल बा | दूसर ओर भारत के दूसरा सबसे अमीर गौतम अडानी के फायदा भईल बा।

एह सूची में गौतम अडानी जहां कुछ जगह चढ़ गईल बाड़े, उहें उनुकर धन में भी बहुत बढ़ोतरी भईल बा। गौतम अडानी के संपत्ति में बढ़ोतरी के प्रमुख कारण शुक्रवार के उनुका सभ शेयर में बढ़ोतरी भईल बा। अडानी ग्रुप के ट्रांसमिशन कंपनी के शेयर अधिकतम बढ़ के 5 फीसदी तक पहुंच गईल। अडानी इंटरप्राइजेज में 1.64 फीसदी के उछाल दर्ज भइल| बाकी शेयर में भी बढ़ोतरी भईल।

मुकेश अंबानी अब कवना नंबर पे पहुंच गईल बाड़े?

रिलायंस इंडस्ट्रीज के मालिक मुकेश अंबानी फोर्ब्स की रीयल टाइम बिलियनेयर लिस्ट में 12वां स्थान से 13वां नंबर पे पहुंच गईल बाड़े। बियफे के दिने उनुकर संपत्ति में 10.3 करोड़ डॉलर माने कि 805 करोड़ के गिरावट आइल बा| रिलायंस इंडस्ट्रीज के शेयर .067 फीसदी गिर के 2,224 रुपिया पे बंद हो गइल|

 

गौतम अडानी एक दिन में सबसे ज्यादा पईसा कमइन

अडानी ग्रुप के मालिक गौतम अडानी एक दिन में दुनिया के सभ अरबपति से जादे कमाई कईले बाड़े। गौतम अडानी के संपत्ति में एक दिन में 1.1 अरब डॉलर यानी 9078 करोड़ रुपया के बढ़ोतरी भईल बा। आ फेर लेज पेरी के नाम बा जे एक दिन में एक अरब डॉलर कमा चुकल बान| एह सूची में गौतम अडानी 24वां नंबर पर पहुँच गइल बाड़न|

 

जेकरा सबसे जादा नुकसान उठावे के पड़ल

फोर्ब्स के सूची के मुताबिक दुनिया के सबसे अमीर आदमी बर्नार्ड अरनॉल्ट के 3.7 अरब डॉलर के नुकसान भईल बा| जवन कि एक दिन के दौरान भईल सबसे बड़ नुकसान बा। एकरा बाद मेटा के सीईओ मार्क जुकरबर्ग के 3.2 अरब डॉलर, वारेन बफेट के 2.9 अरब डॉलर आ एलन मस्क के 2.6 अरब डॉलर के नुकसान भइल बा|

484400cookie-checkअमीर के सूची में मुकेश अंबानी के घाटा, इहाँ गौतम अडानी एक दिन में 90,78,59,15,000 रुपया कमा लेले

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.