गर्मी के मौसम में शरीर में पानी के कमी से हो सकs ता ई गंभीर बीमारी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 26, 2022

गर्मी में रउआ शरीर में पानी की कमी कई बेर हो जाला। का रउआ कब्बो सोचले बानी कि आपके शरीर में केंन्ना पानी होला? शरीर के केतना पानी के जरूरत होला? या फेर शरीर में

Share

गर्मी में रउआ शरीर में पानी की कमी कई बेर हो जाला। का रउआ कब्बो सोचले बानी कि आपके शरीर में केंन्ना पानी होला? शरीर के केतना पानी के जरूरत होला? या फेर शरीर में पानी के कमी से कौने परेशानी के सामना करे के पड़ सकs ला?

शरीर में केंन्ना पानी के जरूरत होला?

हर इंसान के शरीर के वजन अलग-अलग होला। सबके शरीर में पानी के जरूरतो अलग-अलग होला। शरीर के वजन के हिसाब से तय कइल जाला कि आपके केतना पानी पीए के चाहीं। 20 किलो के वजन के शरीर के 1 लीटर पानी के जरूरत होला। ओ हिसाब से देखल जाए त 70 किलो वजन के व्यक्ति के 3.5 लीटर पानी पिये के चाहीं। 80 किलो के वजन के व्यक्ति के 4 लीटर पानी पिये के चाहीं।

काहें होला शरीर में पानी के कमी?
जब गर्मी तेज होला त शरीर के ज्यादा पानी के जरूरत होला। बेर-बेर पसीना अइले से, टॉयलेट गइले से चाहे काम के दौरान पानी कम पियले से शरीर में पानी की कमी हो जाला। अइसे में अगर बुखार होखे चाहे लूज मोशन आवत होखे त शरीर बहुत बुरी तरह डिहाइड्रेट हो जाला। एह कारण से शरीर में जब पानी के कमी होखे वाला होला तो एकर लक्षण पहिलहीं से पता लागे लागs ला। अइसन में कुछ उपाय से शरीर के दुरुस्त रखल जा सकेला।

कब, कितना और कैसे पानी पीं

सुबह उठके खाली पेट पानी पीं।
खाना खइले के एक घंटे बाद चाहे पहिले पानी पीं।
एक दिन में 8 से 10 गिलास पानी पीं।
खड़े होकर पानी नाइ पिये के चाहीं। एसे जोड़ (JOINTS) कमजोर हो जाला।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.