Kapil Sharma Cafe Firing : कनाडा में कपिल शर्मा के कैफे पs फायरिंग करे वाला गैंगस्टर दिल्ली में धराइल, चीनी पिस्टल बरामद

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 28, 2025

नई दिल्ली। दिल्ली क्राइम ब्रांच कनाडा में कपिल शर्मा के कैफे पs फायरिंग करे वाला गैंगस्टर बंधु मान सिंह के दिल्ली में पकड़ लेलस। कहल गइल कि बंधु मान जइसही कनाडा से दिल्ली लवटल, पुलिस

Share

Gangster Bandhu Mann Singh arrested by Delhi Crime Branch for Kapil Sharma cafe firing case

नई दिल्ली। दिल्ली क्राइम ब्रांच कनाडा में कपिल शर्मा के कैफे पs फायरिंग करे वाला गैंगस्टर बंधु मान सिंह के दिल्ली में पकड़ लेलस। कहल गइल कि बंधु मान जइसही कनाडा से दिल्ली लवटल, पुलिस ओकरा के दबोच लेलस।

पुलिस के मोताबिक बंधु मान गोल्डी ढिल्लों गैंग के बड़ क्रिमिनल हवे आ ओकरा खिलाफ कइयन गो आपराधिक मुकदमा दर्ज बा। ओकरा लगे से एगो चीनी पिस्टल आ कारतूस बरामद भइल बा।

पुलिस के कहनाम बा कि बंधु मान बिदेस में बिजनेसमैन आ हाई-प्रोफाइल लोगन के निशाना बनाके एक्सटॉर्शन रैकेट में सामिल रहे। जांच में पता चलल कि बंधु मान ढिल्लों के नेटवर्क से लगातार संपर्क में रहे आ मशहूर कलाकार के रेस्टोरेंट के डरावे-धमकावे खातिर टारगेट करे वाला एगो बड़ साजिश के हिस्सा रहे।

एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी बतवलें कि ई गिरफ्तारी खास इंटेलिजेंस इनपुट्स के आधार पs भइल बा। अधिकारी कहलें कि ओकरा लगे से चीनी पिस्टल आ कारतूस मिलल बा। अब ई जांच चलत बा कि साजिश में ओकर भूमिका का रहे आ ओह बिदेसी ऑपरेटिव्स से ओकर लिंक कइसन बा।

पुलिस अधिकारी के मोताबिक, बाकी साजिशकर्ता के पहचान करे आ भारत-बिदेस में गैंग के गतिविधि के पता लगावे खातिर आगे के जांच जारी बा।

Read Also: Kohli-Dhoni Reunion : रांची में धोनी के घर पहुंचलें कोहली आ पंत, थाला खुद किंग के होटल पहुंचवलें

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.