Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आज 1 जून से बदल जाई कइयन गो नियम, विस्तार से जानीं का बा बदलल नियम

1,417

बदलल नियम के जानकारी होखल जरूरी बा। जदि रउआ स्टेट बैंक ऑफ इंडिया, एक्सिस बैंक आ इंडिया पोस्ट पेमेंट बैंक के कस्टमर बानी तs आज से फाइनेंस से जुड़ल कइयन गो नियम बदल जाई। एकरा अलावे मोटर इंश्योरेंस में थर्ड पार्टी प्रीमियम महंगा हो रहल बा। केंद्र सरकार फ्लैगशिप इंश्योरेंस स्कीम प्रधानमंत्री जीवन ज्योति बीमा योजना (PMJJBY) आ प्रधानमंत्री सुरक्षा बीमा योजना (PMSBY) के प्रीमियम के बढ़ावे के ऐलान कइलस।

 

ई सब बदलाव आज से लागू हो रहल बा। आई ओह तमाम चीजन के बारे में जानल जाव जवन आज से बदल रहल बा…

1. केंद्र सरकार प्रधानमंत्री जीवन ज्योति बीमा योजना (PMJJBY) आ प्रधानमंत्री सुरक्षा बीमा योजना (PMSBY) के प्रीमियम के  बढ़ावे के ऐलान कइलस। सरकार कहलस कि एह दूनों स्कीम के आर्थिक रूप से मजबूती देवे आ आगहु चलत रहे देवे खातिर प्रीमियम बढ़ावल जरूरी बा। पीएमजेजेबीवाई के प्रीमियम के प्रीमियम के प्रति दिन 1.25 रुपए के हिसाब से बढ़ावल गइल पहिले एह स्कीम खातिर सालाना 330 रुपिया लागत रहे। बाकिर 1 जून से 436 रुपिया देवे के होई।

एही तरे प्रधानमंत्री सुरक्षा बीमा योजना (PMSBY) के सालाना प्रीमियम पहिले 12 रुपिया रहे जवन बढ़के 20 रुपिया कइल गइल बा। नया प्रीमियम आज से प्रभावी हो गइल बा। दूनों स्कीम के बढल प्रीमियम के परसेंटेज के आधार पs देखल जाव तs प्रधानमंत्री जीवन ज्योति बीमा योजना में 32 फीसदी आ पीएमएसबीवाई के प्रीमियम में 67 फीसदी के बढ़ोतरी कइल गइल बा।

 

2. अगर रउआ स्टेट बैंक ऑफ इंडिया से होम लोन लेले बानी तs ऊ अब महंगा हो जाई। राउर EMI के बोझ बढ़ गइल बा।

 

स्टेट बैंक होम लोन खातिर एक्सटर्नल बेंचमार्क लेंडिंग रेट (EBLR) के 40 बेसिस प्वाइंट्स से बढ़ावे के फसीला कइलस। अब ई बढ़के 7.05 फीसदी हो गइल बा। नाया दर आज से लागू हो रहल बा। पहिले ई रेट 6.65 फीसदी रहे। एकरा अलावे होम लोन खातिर रेपो लिंक्ड लेंडिंग रेट के 40 बेसिस प्वाइंट्स बढ़ावल गइल बा। अब यह बढ़के 6.65 फीसदी हो गइल बा जवन पहिले 6.25 फीसदी रहे।

3. एक्सिस बैंक सैलरी आ सेविंग अकाउंट होल्डर्स खातिर सर्विस चार्ज बढ़ावे ले फसीला कइले बा। एक्सिस बैंक सेविंग आ सैलरी अकाउंट खातिर ऐवरेज मंथली बैलेंस के 15 हजार से बढ़ाके 25 हजार रुपिया कs देले बा। ई नियम 1 जून से लागू हो गइल बा। मंथली ऐवरेज बैलेंस मेंटेन ना कइला पs मेट्रो आ अर्बन एरिया खातिर चार्ज 600 रुपए प्रति महीना, सेमी अर्बन एरिया खातिर 300 रुपए प्रति महीना आ रूरल एरिया के लिए 250 रुपए प्रति महीना कs दिहल गइल बा

4. ट्रांसपोर्ट मिनिस्ट्री मोटर इंश्योरेंस खातिर प्रीमियम के बढ़ावे के फसीला कइलस

अलग-अलग वाहनन खातिर थर्ड पार्टी मोटर इंश्योरेंस प्रीमियम आज से महंगा हो गइल बा। दूपहिया वाहनन के बात करी तs 75 सीसी से कम इंजन क्षमता खातिर थर्ड पार्टी इंश्योरेंस प्रीमियम 538 रुपए हो गइल बा। 75-150 सीसी इंजन खातिर प्रीमियम 714 रुपिया। 150-350 सीसी वाहनन खातिर प्रीमियम 1366 रुपिया आ 350 सीसी से जादे इंजन कैपेसिटी वाला बाइक खातिर प्रीमियम 2804 रुपिया हो गइल बा।

चार पहिया वाहन के बात करी तs प्राइवेट कार जेकर क्षमता 1000 सीसी से कम बा ओकरा खातिर थर्ड पार्टी प्रीमियम 2094 रुपिया, 1000-1500 सीसी के कार खातिर थर्ड पार्टी प्रीमियम 3416 रुपिया, 1500 सीसी से जादे के कार खातिर प्रीमियम 7897 रुपिया हो गइल बा। आखिरी बेर वित्त वर्ष 2019-20 में प्रीमियम में बढ़ोतरी भइल रहे। ओकरा बाद कोरोना काल में एमे कवनो बदलाव ना कइल गइल।

5. इंडिया पोस्ट पेमेंट बैंक आधार आधारित पेमेंट सर्विस (AePS) के चार्जेबल बनावे के फसीला कइले बा। हालांकि ई नियम 15 जून से लागू हो रहल बा।आधार इनेबल्ड पेमेंट सिस्टम सर्विस चार्जेज (AePS) के तहत पहिला तीन ट्रांजैक्शन हर महीने फ्री होई. एमे कैश निकासी, कैश जमा कइल, मिनी स्टेटमेंट निकालल शामिल बा।

फ्री लिमिट के बाद AePS के मदद से कैश जमा कइला आ कैश निकलला पs प्रति ट्रांजैक्शन 20 रुपिया के चार्ज लागी। जीएसटी अलग से बा। मिनी स्टेटमेंट के चार्ज 15 रुपिया बा।

6. सोना के आभूषण आ कलाकृतियन के अनिवार्य हॉलमार्किंग (Gold Hallmarking) के दूसरा चरण आज से शुरू हो रहल बा। उपभोक्ता मामलन के मंत्रालय कहलस कि अनिवार्य हॉलमार्किंग के दूसरा चरण के दायरा में गोल्ड आभूषणन के तीन अतिरिक्त कैरेट 20, 23 और 24 कैरेट के अलावे 32 गो नया जिला आई, जहां पहिला चरण के क्रियान्वयन के बाद परख आ हॉलमार्क केंद्र माने एएचसी स्थापित कइल गइल बा।

16 जून 2021 ले हालमार्किंग के नियम स्वैच्छिक रहे। जेकरा बाद सरकार सोना के अनिवार्य हॉलमार्किंग के चरणबद्ध तरीका से लागू करे के निर्णय लेलस। पहिला चरण में देश के 256 जिलन के एकरा दायरा में ले आवल गइल।

7. आज एलपीजी गैस के कीमत में बदलाव हो सकत बा। अमूमन महीना के पहिला तारीख के LPG Gas सिलिंडर के कीमत में बदलाव होला।

अइसे एकर कीमत में बदलाव के समय निश्चित नइखे। एकरा पहिले 19 मई को एकर कीमतन में 3.50 रुपए के आ ओकरा पहिले 50 रुपिया के बढ़ोतरी भइल रहे।

8. आज जेट फ्यूल के कीमतन में बदलाव हो सकत बा। जेट फ्यूल के भाव महीना में दू बेर-1 तारीख आ 16 तारीख के बदलेला। देश के सबसे बड़ तेल कंपनी इंडियन ऑयल कॉरपोरेशन (IOC) 16 मई 2022 के जेट फ्यूल के कीमतन में 6188 रुपए प्रति किलोलीटर के बढ़ोतरी कइले रहे। एटीएफ कीमतन में ई लगातार 10 वा बढ़न्त रहे। ई दर 31 मई ले लागू रहल। एह साल जेट फ्यूल के कीमतन में 61.7 फीसदी तक बढ़ोतरी हो चुकल बा।

264240cookie-checkआज 1 जून से बदल जाई कइयन गो नियम, विस्तार से जानीं का बा बदलल नियम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.