पूर्वांचल एक्सप्रेस वे पर खड़ा बस में जा घुसल श्रद्धालुअन से भरल टैम्पो ट्रेवलर, चार के मवका पs मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 16, 2025

पूर्वांचल एक्सप्रेसवे पs लोनीकटरा थाना क्षेत्र में सोमार के भोर में एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। छत्तीसगढ़ से अयोध्या जा रहल एगो बस कवनो खराबी के कारण सड़क किनारे खड़ा रहे, तबे महाराष्ट्र से

Share

पूर्वांचल एक्सप्रेस वे पर खड़ा बस में जा घुसल श्रद्धालुअन से भरल टैम्पो ट्रेवलर, चार के मवका पs मौत

पूर्वांचल एक्सप्रेसवे पs लोनीकटरा थाना क्षेत्र में सोमार के भोर में एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। छत्तीसगढ़ से अयोध्या जा रहल एगो बस कवनो खराबी के कारण सड़क किनारे खड़ा रहे, तबे महाराष्ट्र से आ रहल एगो तेज रफ्तार मिनी बस (टैम्पो ट्रेवलर) पीछे से ओमे जा घुसल। टक्कर एतना भयानक रहे कि मिनी बस के परखच्चा उड़ गइल। एह हादसा में चार लोगन के मवके पs दर्दनाक मौत हो गइल, जबकि 19 लोग घायल हो गइल।

चीख-पुकार से गूंजल हाईवे, राहत-बचाव में जुटल पुलिस आ ग्रामीण

हादसा के तुरंत बाद एक्सप्रेसवे पs चीख-पुकार मच गइल। स्थानीय ग्रामीण आ पुलिस मिलके घायलन के बस से बाहर निकललस। लोनीकटरा पुलिस के संगे-संगे एसपी दिनेश कुमार सिंह मवका पs पहुंचलें आ राहत-बचाव कार्य सुरू करवलें। घायलन के लखनऊ के गोसाईगंज सीएचसी में भरती करावल गइल, जबकि कुछ के गंभीर हालत में ट्रॉमा सेंटर रेफर कइल गइल बा।

अचानक थम गइल चार जिंदगी

हादसा में महाराष्ट्र के नांदेड़ के रहे वाला दीपक, सुनील आ महिला अनसूईया समेत चार लोगन के मवके पs दर्दनाक मौत हो गइल। हादसा एतना भीषण रहे कि मिनी बस पूरा तरे चकनाचूर हो गइल आ शवन के निकाले में घंटन के वक्त लागल।

तेज रफ्तार बनल मौत के कारण

प्राथमिक जांच में पता चलल बा कि मिनी बस के रफ्तार बहुत जादे रहे आ संभवतः ड्राइवर के आगे खड़ा बस नजर ना आइल। पुलिस एहु बात के जांच कs रहल बिया कि कहीं ड्राइवर के झपकी तs ना आ गइल रहे।

यात्रियन में दहशत, कइयन लोग अभियो सदमा में

हादसे में बचल कइसन गो यात्री अभियो गहिराह सदमा में बा लो। अयोध्या जा रहल श्रद्धालुअन के ई यात्रा मातम में बदल गइल। घायलन के परिजन अस्पतालन में आपन सलामती के दुआ मांग रहल बा लो। पुलिस दुर्घटनाग्रस्त वाहनन के क्रेन के मदद से हटाके यातायात बहाल करवलस। प्रशासन मृतकन के परिजनन के मुआवजा देवे के आश्वासन देले बिया। ओहिजा, हादसा के गूंज पूरा इलाका में फइल गइल आ ई दर्दनाक दुर्घटना फेर से तेज रफ्तार आ सड़क सुरक्षा के लेके सवाल खड़ा कs देले बा।

Read Also: New Delhi: रेलवे स्टेशन पs प्रयागराज जाये वाला यात्रियन के बीच भगदड़, 18 के मौत, कइयन लोग घायल…

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.