New Delhi: रेलवे स्टेशन पs प्रयागराज जाये वाला यात्रियन के बीच भगदड़, 18 के मौत, कइयन लोग घायल…

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 16, 2025

सेंट्रल डेस्क : नई दिल्ली रेलवे स्टेशन पs सनीचर के महाकुंभ यात्रा खातिर प्रयागराज जाये वाला यात्रियन के अत्याधिक भीड़ के कारण भगदड़ मच गइल। प्लेटफॉर्म नंबर 12 से 16 तक अत्यधिक भीड़ जमा हो

Share

सेंट्रल डेस्क : नई दिल्ली रेलवे स्टेशन पs सनीचर के महाकुंभ यात्रा खातिर प्रयागराज जाये वाला यात्रियन के अत्याधिक भीड़ के कारण भगदड़ मच गइल। प्लेटफॉर्म नंबर 12 से 16 तक अत्यधिक भीड़ जमा हो गइल, जवना से भगदड़ जइसन इस्थिति उत्पन्न हो गइल। एह हादसा में 18 लोगन के मौत हो गइल आ कइयन लोग घायल हो गइल बा। रेल मंत्री एह घटना के उच्च स्तरीय जांच के आदेश देले बाड़ें।

दु ट्रेनन के लेट अइला के वजह से भइल घटना

बतावल जा रहल बा कि दुगो ट्रेनन के लेट अइला के वजह से ई घटना भइल बा। सब घायलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा। घटना के बारे में जानकारी मिलला के बाद दिल्ली फायर सर्विस मवका पs चार दमकल गाड़ी भेजले बाड़ें। पुलिसो घटनास्थल पs पहुंचल आ इस्थिति के नियंत्रित कइलस।

प्रशासन के प्रतिक्रिया

रेल मंत्री घटना के गंभीरता के देखत तत्काल उच्च स्तरीय जांच के आदेस देले बाड़ें। ऊ मृतकन के परिजनन के 10 लाख के मुआवजा देवे के घोषणा कइले बाड़ें। घायलन के स्थानीय अस्पतालन में इलाज जारी बा, जहां उनकर इस्थिति पs निगरानी रखल जा रहल बा।

एह घटना के बाद, रेलवे प्रशासन स्टेशन पs भीड़ प्रबंधन आ सुरक्षा उपायन के आउर सख्त करे के निर्णय लेले बाड़ें। यात्रियन से अपील कइल गइल बा कि ऊ स्टेशन पs प्रवेश आ निकास के दौरान संयम बरतीं आ सुरक्षा निर्देशन के पालन करीं।

Read Also: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ बेहद खूबसूरत आ शालीन एक्ट्रेस ‘वहीदा रहमान’ के Lucky charms रहले ‘गुरु दत्त’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.