बिहार : पूर्व सांसद अशफाक करीम के राजद से इस्तीफा, कहलें- आबादी के अनुसार ना मिलल हिस्सेदारी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 13, 2024

आरजेडी के पूर्व राज्यसभा सांसद अशफाक करीम मुसलमानन के हक मारे के आरोप लगावत पार्टी से इस्तीफा दे देलें। अशफाक करीम के नs तs राज्यसभा भेजल गइल आ न उनका लोकसभा के टिकट मिलल ।  

Share

अशफाक करीम पत्र में लिखलें बाड़ें कि मुस्लिमन के आबादी के अनुसार

आरजेडी के पूर्व राज्यसभा सांसद अशफाक करीम मुसलमानन के हक मारे के आरोप लगावत पार्टी से इस्तीफा दे देलें। अशफाक करीम के नs तs राज्यसभा भेजल गइल आ न उनका लोकसभा के टिकट मिलल ।  

एह तमाम बातन के लेके ऊ पार्टी से लगातार नाराज चल रहल बाड़ें। लोकसभा चुनाव में टिकट के लेके ऊ लालू प्रसाद आ तेजस्वी यादव से संपर्क साधल गइल रहे। बाकिर, कवनो सीट पs  बात ना बन पाइल। ऊ पत्र में लिखले  कि मुस्लिमन के आबादी के अनुसार हिस्सेदारी नइखे मिलल। एह वजह से राजद के संगे राजनीति कइल असंभव।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.