[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के पूर्व सीएम अरविंद केजरीवाल के सुप्रीम कोर्ट से बड़ झटका

अरविंद केजरीवाल : फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के डिग्री केस में पूर्व मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के सुप्रीम कोर्ट से बड़ झटका लागल बा। सुप्रीम कोर्ट आपराधिक मानहानि के मामिला में जारी समन रद्द करे से मना कर दिहले बा. दिल्ली के सीएम रहल अरविंद केजरीवाल के गुजरात हाईकोर्ट के आदेश के खिलाफ सुप्रीम कोर्ट के याचिका खारिज कs दिहलस.

केजरीवाल जारी समन पs रोक लगावे के मांग कईले 

अरविंद केजरीवाल निचला अदालत के ओर से जारी समन के चुनौती देके एs मामला पs रोक लगावे के मांग कईले रहले। एकरा से पहिले गुजरात हाईकोर्ट भी केजरीवाल के मांग के खारिज कs देले रहे। अप्रैल 2024 में सुप्रीम कोर्ट एही मामला में आम आदमी पार्टी के नेता संजय सिंह के मांग के खारिज कs देले रहे।

गुजरात हाईकोर्ट से भी राहत ना मिली

बता दीं कि गुजरात विश्वविद्यालय के रजिस्ट्रार पीयूष पटेल अरविंद केजरीवाल अवुरी आम आदमी पार्टी के नेता संजय सिंह के टिप्पणी के खिलाफ मानहानि के मामला दर्ज करवले बाड़े। एह पs गुजरात हाईकोर्ट अरविंद केजरीवाल के राहत नइखे दिहले.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]