Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भुलइले के बेमारी होई दूर, करी इ 3 योग आ प्राणायाम, दिमाग होई तेज

आज के दौड़ भाग वाला जिनगी में लोग बहुत मानसिक तनाव से घिरल रहेला। एकरा चलते ए लोग के सोचे के क्षमता पे भी बहुत असर होखता। अइसना में कुछ आसान योग आसन के मदद से सोच के शक्ति में सुधार कइल जा सकेला।

529

 

 

व्यस्त जीवनशैली आ काम के तनाव के चलते लोग में याददाश्त के कमी एगो आम समस्या बन गईल बा। जवना के असर कवनो उम्र के आदमी पे हो सकता। हालांकि बीच-बीच में भूलभुलैया बहुत लोग के जीवन के एगो सामान्य हिस्सा बन गईल बा। लेकिन बहुत लोग में भुलाए के इ समस्या भी गंभीर रूप ले सकता। जवना के चलते इनकर रोजमर्रा के जीवन के भी बुरा असर पड़ सकता। विशेषज्ञ के मुताबिक, जदी आप नियमित रूप से योग करीं त ए समस्या में बहुत हद तक सुधार हो सकता। त आईं कुछ अयीसन योग आसन के बारे में जानल जाव जवन कि आपके याददाश्त के क्षमता बढ़ावे में बहुत मदद क सकता।

 

वृक्षासन – Tree Pose Yoga For Brain

वृक्षासन के पेड़ मुद्रा के नाम से भी जानल जाला। एह योग आसन के नियमित रूप से कईला से संतुलन, ध्यान ae एकाग्रता में सुधार में मदद मिल सकता। एकरा अलावे न्यूरोमस्कुलर में भी ए योग से सुधार होखेला। चलीं, कइसे कइल जाला, ई जानल जावजाव।

 

• इ योग आसन के करे खातिर सबसे पहिले सीधा खड़ा हो जा।

•एकरा बाद आपन वजन एक गोड़ में शिफ्ट करीं।

•एकरा बाद दूसरा गोड़ के तलवा खड़ा गोड़ के भीतरी जांघ पे राखी।

•एही स्थिति में स्थिर हो जाइ।

•गहिरा साँस लेत आ साँस छोड़त, कुछ देर एह मुद्रा में खड़ा रहीं|

•ए आसन के नियमित अभ्यास से आपके संतुलन बढ़िया होई आ मानसिक याददाश्त मजबूत होई।

 

उत्थिता हस्त पादंगुष्ठासन – Utthita Hasta Padangusthasana For Brain

 

मन के उत्तेजित करे वाला इ आसन कईल बहुत आसान बा। फोकस बढ़ावे के संगे एकरा से एकाग्रता आ इच्छाशक्ति में भी काफी सुधार होला। एहसे संतुलन बढ़ावे में मदद मिलेला। उत्थिता हस्त पादंगुष्ठासन गोड़ आ कोर के मजबूत करेला। एकरा संगे हैमस्ट्रिंग आ कूल्हा में लचीलापन भी बढ़ जाला। आई हमनी के जानि जा कि ई कइसे कइल जाला-

 

•आपन बाँहि आ गोड़ सामने बढ़ाईं।

•आपन गोड़ बाहर के ओर खोलीं।

• कुछ समय तक एह मुद्रा में रहीं।

• एह मुद्रा के नियमित अभ्यास से याददाश्त के संगे सोचे के क्षमता में भी सुधार हो सकता।

• एह आसन के कइला से शरीर के निचला हिस्सा में लचीलापन बढ़ जाला आ पूरा शरीर के संतुलन सही रहेला।

 

भ्रामरी प्राणायाम – Bhramari Pranayama For Brain

एह योग आसन में साँस लेवे के एगो तकनीक बा, जवना से मन के संगे शरीर के भी बहुत फायदा मिलेला। एह आसन के करत घरी एगो गहिरा साँस लेबे के पड़ेला आ ओकरा बाद ओकरा के छोड़े के पड़ेला। इ योग आसन मन के शांत करे, तनाव आ चिंता के कम करे, ध्यान आ एकाग्रता के संगे याददाश्त में सुधार खातीर कईल जाला। हमनी के ई आसन कइसे कइल जाला, आई जानी जा-

 

•सबसे पहिले आराम से जमीन पे बईठ जाईं।

•अब आँख बंद करी।

• एकरा बाद एगो लम्बा साँस लीं आ साँस छोड़त घरी हल्का गुनगुनाहट के आवाज निकालीं|

•एह प्रक्रिया के एक से कई बेर दोहराईं।

 

 

526910cookie-checkभुलइले के बेमारी होई दूर, करी इ 3 योग आ प्राणायाम, दिमाग होई तेज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.