[the_ad_group id="30365"]

नारी शक्ति उत्थान खातिर योग आयुर्वेद बनी जीवन साथी- डॉ० सत्या पांडे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: अंतरराष्ट्रीय योग दिवस के उपलक्ष्य में हो रहल ओम फिटनेस योग संस्थान के द्वारा आयोजित योग शिविर के तीसरा दिन मुख्य अतिथि सत्या पांडे जी कार्यक्रम के उद्घाटन कइली। ऊ बतवली कि योग नारी शक्तियन के उत्थान खातिर बहुते जरुरी बा आ जीवनसाथी के रूप में परिपूर्ण होई। हमनी सभे के निरंतर अपना जिनगी में योग के धारण करे के चाहीं आ नारी शक्तियन के मिलके एह मुहिम के आगा बढ़ावत योगाचार्य धर्मेन्द्र प्रजापति जी के संगे गोरखपुर नगरी के हरिद्वार नगरी बनावे के चाहीं। एतना अच्छा सोच गोरखपुर के हर एक जनता खातिर वरदान होई।

योगाचार्य धर्मेंद्र प्रजापति जी मुख्य अतिथि महोदया के अभिनंदन करत सब साधकन के भारत सरकार के आयुष मंत्रालय के द्वारा दिहल प्रोटोकाल के करवलें। जवना में सभे साधक पूरा शांतिपूर्ण भाव से एकहs गो आसन आ प्राणायाम के कइल लो। योग कार्यक्रम के संचालन व्यास चौरसिया द्वारा कइल गइल। योग क्लास के दौरान सइयन से जादे संख्या में जुड़के लोग अंतरराष्ट्रीय योग दिवस के सन्देश दिहल।

योग शिविर में उपस्थित साधक डॉ कुँवर गोरखपुरी, विनोद शुक्ला, आई के श्रीवास्तव, नरेंद्र, आलोक गुप्ता, घनश्याम, शोभा पांडेय, गीतांजली चौरासिया, कंचन पांडेय, कंचन शाही, नीलम शुक्ला, अंजलि चौरसिया, श्वेता दुबे, रागनी सिंह, शुष्मा, माधुरी त्रिपाठी इत्यादि सभे समीलित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]