[the_ad_group id="30365"]

पर्यावरण संरक्षण खातिर वृक्षारोपण के भइल आयोजन, पूर्व मेयर सत्या पांडेय रोपल गइल पवधन के संरक्षण पs देली बल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह: नेहरू युवा केन्द्र देवरिया आ आरोग्य भारती के संयुक्त तत्वावधान में कैच द रेन अभियान के तहत माननीय प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी द्वारा पर्यावरण संरक्षण के संकल्प के आगे बढ़ावत पर्यावरण संरक्षण विषयक जागरूकता कार्यक्रम के तहत वृहद वृक्षारोपण के आयोजन बुध के सी० सी० रोड इस्थित हनुमान मंदिर परिसर मे कइल गइल।

कार्यक्रम में मुख्य अतिथि गोरखपुर के पूर्व मेयर डॉ० सत्या पाण्डेय आ विशिष्ट अतिथि आरोग्य भारती के प्रांतीय उपाध्यक्ष अजित नारायण मिश्र के उपस्थिति रहल। दुनो अतिथियन द्वारा नेहरू युवा केन्द्र के राष्ट्रीय युवा स्वयंसेवकन के संगे पौधरोपण के काम कइल गइल।

मुख्य अतिथि के स्वागत जिला युवा अधिकारी विकास तिवारी के द्वारा पुष्पगुच्छ भेंट कs के कइल गइल।

कार्यक्रम को संबोधित करत पूर्व मेयर डॉ० सत्या पाण्डेय कहली कि स्वस्थ जीवन के दृष्टिकोण से पर्यावरण मानव के सबसे बड़ जरूरत बा। हमनी के उद्देश्य पौधरोपण के साथे साथे रोपित पौधन के संरक्षण करे के होखे के चाहीं। ऊ कहली कि हर व्यक्ति के हर वर्षाकाल में कम से कम 10 पवधा लगावे के संकल्प लेवे के चाहीं ताकि आवे वाली पीढ़ी के एगो शुद्ध वातावरण मिल सके।

प्रांतीय उपाध्यक्ष डॉ० अजीत नारायण मिश्र कहले कि पृथ्वी पs जीवन खातिर पवधन के होखल बहुत जरूरी बा। पेड़ पवधन से मिले वाला आक्सीजन के वजह से हमनी लोगन के सांस चलेला। आवे वाला बरिसन में वातावरण के तापमान बढ़ला से उत्पन्न खतरन के प्रति हमनी के अभी से सचेत होखे के होई। ग्लोबल वार्मिंग जइसन वैश्विक समस्या से निदान के एक मात्र उपाय पौधरोपण बा।

जिला युवा अधिकारी विकास तिवारी कहलें कि नेहरू युवा केन्द्र के राष्ट्रीय युवा स्वयंसेवक ग्राम पंचायतवार युवा मंडलन के सहजोग से पौधरोपण अभियान के गति प्रदान करे के काम करी लो।

कार्यक्रम के दरम्यान पूर्व मेयर डॉ० सत्या पाण्डेय, प्रांतीय उपाध्यक्ष अजित नारायण मिश्र आ जिला युवा अधिकारी विकास तिवारी के द्वारा हनुमान मंदिर परिसर मे आम, नीम, पीपल, बरगद, श्रीफल आदि पवधन के रोप के पर्यावरण के संरक्षित करे के आवाहन कइल गइल।

एह अवसर पs देवव्रत पाण्डेय, राहुल मल्ल, अमरेद्र यादव, शुभम त्रिपाठी, अतुल कुमार मिश्र, दीपक राव, अंकित सिंह, शशिभूषण प्रजापति, गरिमा पाण्डेय, लक्ष्मी मिश्रा, अमिता तिवारी, मनोरमा सिंह, नीरज यादव, शाहजहा खातून आदि राष्ट्रीय युवा स्वयंसेवन के उपस्थिति रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]