असिस्टेंट प्रोफेसर बने खातिर PhD अनिवार्य ना, UGC NET, SET भा SLET जरूरी, जानीं नया नियम

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 5, 2023

विश्वविद्यालय अनुदान आयोग (यूजीसी) उच्च शैक्षणिक संस्थानन में असिस्टेंट प्रोफेसरन के भर्ती खातिर नया नियम जारी कइले बा। एकरा मोताबिक अब असिस्टेंट प्रोफेसर के सीधी भर्ती में नेट, सेट, स्लेट ( NET/SET/SLET) पास होखल न्यूनतम

Share

विश्वविद्यालय अनुदान आयोग (यूजीसी) उच्च शैक्षणिक संस्थानन में असिस्टेंट प्रोफेसरन के भर्ती खातिर नया नियम जारी कइले बा। एकरा मोताबिक अब असिस्टेंट प्रोफेसर के सीधी भर्ती में नेट, सेट, स्लेट ( NET/SET/SLET) पास होखल न्यूनतम योग्यता होई।

पीएचडी के डिग्री होखल अनिवार्य ना होई। पीएचडी डिग्री के योग्यता ऑप्शनल (वैकल्पिक) होई। नया नियम 1 जुलाई 2023 से लागू हो गइल बा। यूजीसी एह सबंध में अधिसूचना जारी कs देले बा।

आयोग अधिसूचना में कहलस, ‘विश्वविद्यालय अनुदान आयोग (विश्वविद्यालयन आ कॉलेजन में शिक्षकन आ आउर शैक्षणिक कर्मचारियन के नियुक्ति खातिर न्यूनतम योग्यता आ उच्च शिक्षा में मानकन के रखरखाव खातिर आउर मानदंड) रेगुलेशन 2018’ में संशोधन कइले बा, जवन अब कहत बा “NET/SET/ सब उच्च शिक्षा संस्थानन खातिर असिस्टेंट प्रोफेसर के पद पs सीधी भर्ती खातिर NET/SET/SLET न्यूनतम मानदंड होई।”

एह रेगुलेशंस के अब ‘विश्वविद्यालय अनुदान आयोग (विश्वविद्यालयन आ कॉलेजन में शिक्षकन आ आउर शैक्षणिक कर्मचारियन के नियुक्ति खातिर न्यूनतम योग्यता आ उच्च शिक्षा में मानकन के रखरखाव खातिर आउर मानदंड) (द्वितीय संशोधन) रेगुलेशन, 2023′ कहल जाई। ई 1 जुलाई 2023 से लागू हो गइल बा।’

यूजीसी के अध्यक्ष एम. जगदीश कुमार उच्च शिक्षा संस्थानन में सहायक प्रोफेसर भर्ती खातिर संशोधित नियमन के बारे में जानकारी देत कहले कि भर्ती खातिर 1 जुलाई 2023 से पीएचडी अब ऑप्शनल होई, जबकि नेट, सेट आ स्लेट अब न्यूनतम अनिवार्य योग्यता होई।

अलग-अलग राज्यन के विश्वविद्यालयन आ डिग्री कॉलेजन में भर्ती के ममिला में सम्बन्धित राज्य के राज्य पात्रता परीक्षा (सेट या स्लेट ) उत्तीर्ण कइल अनिवार्य होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.