[the_ad_group id="30365"]

फुटबॉल: भटनी के हराके सेमीफाइनल में पहुंचल मऊ; अनंत विक्रम सिंह बोललें, खेल हमनी के जिनगी के अनिवार्य हिस्सा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। श्रीअनन्त इंटरमीडिएट कॉलेज सतरांव के खेल मैदान में आयोजित फुटबॉल मैच के क्वार्टर फाइनल के चउथा मुकाबला मोहमदिया स्पोर्टिंग क्लब कोपागंज मऊ आ बहादुर यादव पीजी कॉलेज भटनी के बीच खेलल गइल। एमे मऊ के टीम भटनी के एक गोल से हराके सेमीफाइनल में प्रवेश कइलस। सईयन के संख्या में लोग खिलाड़ियन के हौंसला बढ़ावल।

मुख्य अतिथि अनंत विक्रम सिंह ‘निकू’ कहलें कि खेल हमनी के जिनगी के आवश्यक हिस्सा बा। स्वस्थ देह आ दिमाग के विकसित करे खातिर खेल महत्वपूर्ण भूमिका निभावेला। खेल कइयन प्रकार के होला, जवन हमनी के शारीरिक आ मानसिक विकास में मदद करत हवे। लगातार पढ़ाई के दौरान कइयन बेर तनाव के इस्थिति होला। अइसन में खेल एह तनाव के दूर करे के बेहतर माध्यम बा। हमनी के देस में खेल के ओतना प्राथमिकता ना मिलेला, जेतना शिक्षा के दिहल जाला। मुख्य निर्णायक मकसूद आलम रहलें।

मैच के पहिला हाफ में कवनो गोल ना भइल। दूसरका का हाफ के 7वां मिनट में ताहिर गोल कs के अपना टीम के 1-0 से विजय दिलवलें। जिला स्तरीय फुटबाल प्रतियोगिता के आयोजक वरिष्ठ खिलाड़ी विजय यादव, गोरखनाथ यादव सियाराम कमेंट्री कइल लो।

एह मैच में डॉ. जितेंद्र अग्रहरि, सरोज कुमार, संतोष यादव, बालमुकुंद चौधरी, राघवेंद्र चौधरी, मुकेश यादव, रणविजय, शारदा कुशवाहा, मुलायम, जगरो, बासु आदि लोग खिलाड़ियन के उत्साहवर्धन कइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]