[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में ठंडा के संगे कोहरा के कहर, कम विजीवलिटी से थमल रफ्तार

गोरखपुर में कोहरा के कारण रफ्तार पs ब्रेक लाग गइल।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। सड़कन पs आज सबेरे घना कोहरा के नजारा देखे के मिलल। सर्दी के दस्तक के संगे मौसम करवट लेलस आ शहर के सड़कन पs कोहरा के सफेद चादर छा गइल। ई बदलल मौसम जहां वाहनन के रफ्तार पs ब्रेक लगा देले बा, ओहिजा स्वास्थ्य संबंधी समस्यन के खतरो बढ़ा देले बा।

कोहरा के वजह से यातायात हो रहल बा प्रभावित

सड़कन पs  कोहरा के घना चादर के कारण विजीवलिटी बहुते कम हो गइल, जवना से वाहन चालकन के भारी दिक्कतन के सामना करे के पड़ल। सबेरे-सबेरे कामकाजी लोग आ स्कूल जाये वाला लईकन के समय पs पहुंचला में कठिनाई भइल। तेज रफ्तार गाड़ियन के धीरे करे के अलावे, ट्रैफिक जाम के समस्यो देखे के मिलल। ट्रैफिक पुलिस लोगन के सतर्क रहे आ धीमा गति से वाहन चलावे के हिदायत देले बिया। अधिकारियन के कहनाम बा कि कोहरा के चलते दुर्घटनन के खतरा कइयन गुना बढ़ जाला। कुछ इलाकन में मामूली सड़क हादसा दर्ज कइल गइल बा।

इहो पढ़ीं: महाराष्ट्र के CM पद पs खींचतान के बीच एकनाथ शिंदे लिहले बड़ फैसला, शपथग्रहण पs आ गइल अपडेट

स्वास्थ्य पs कोहरा के दुष्प्रभाव

ई बदलत मौसम शहरवासियन के सेहत पs गहरा असर डलले बा।  ठंडा आ कोहरा के वजह से सांस के बेमारी बढ़े लागल बा। स्थानीय अस्पतालन में गला के खराश, खांसी आ सांस लेवे में तकलीफ के शिकायत लेके मरीज पहुंच रहल बा लो। खासतौर पs बुजुर्ग, लईका आ अस्थमा के मरीज एह मौसम में जादे प्रभावित हो रहल बा।  डॉक्टरन के मानल जावs  तs कोहरा में प्रदूषक तत्व घुलके सांस लिहल आउर मुश्किल बना देवेला। स्वास्थ्य विशेषज्ञन के सलाह बा  कि लोग गरम कपड़ा पहिने, घर से बाहर निकलला पs मास्क के उपयोग करे आ गरम पानी के सेवन करे।

प्रशासन के जनता से अपील

शहर प्रशासन एह इस्थिति से निपटे खातिर ट्रैफिक बेवस्था के सुदृढ़ करे के प्रयास सुरू कs देले बा। वाहन चालकन के लो बीम लाइट आ इंडिकेटर के सही उपयोग करे के सलाह दिहल गइल बा।

इहों पढ़ीं: बजरंग पूनिया के NADA चार साल खातीर कइलस सस्पेंड

कोहरा से बचे के उपाय

  • वाहन चलावत घरी गति धीमा रखीं आ उचित दूरी बनाके रखीं।
  •  मास्क पहनीं आ प्रदूषण से बचाव करीं।
  •  लईकन आ बुजुर्गन के विशेष ध्यान रखीं।
  •  गला के खराश आ सांस के समस्या होखे तs तुरंत डॉक्टर से संपर्क करीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]