[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र के CM पद पs खींचतान के बीच एकनाथ शिंदे लिहले बड़ फैसला, शपथग्रहण पs आ गइल अपडेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

महाराष्ट्र में भईल विधानसभा चुनाव में भाजपा, शिवसेना अवुरी एनसीपी के भव्य गठबंधन के भव्य जीत के बाद से एs बात पs चर्चा चलता कि राज्य के अगिला मुख्यमंत्री के होई। जानकारी के मुताबिक सीएम पद के लेके भाजपा अवुरी शिवसेना के बीच खींचतान चलता। अब सीएम पद के लेके चलत खींचतान के बीच एकनाथ शिंदे एगो बड़ फैसला लेले बाड़े। शिवसेना के सगरी विधायकन के अपना अपना विधानसभा क्षेत्र में लवटे के आदेश दिहले बाड़न.

विधायक के वापस काहे भेजल गइल

दरअसल चुनाव के नतीजा के बाद शिवसेना के सभ विधायक के तुरंत मुंबई बोलावल गईल। शिवसेना के विधायक 24 नवंबर से मुंबई के ताज लैंड होटल में ठहरल बाड़े। एह दौरान शिवसेना के विधायक के ओर से सीएम पद खातीर भाजपा पs दबाव बनावे के प्रयास भी भईल। बाकिर चूंकि अबे le मुख्यमंत्री पद पs कवनो फैसला नईखे भईल एहसे सभ विधायक के अपना विधानसभा क्षेत्र में वापस जाए के कहल गईल बा।

शपथग्रहण कब होई?

एकनाथ शिंदे के पार्टी शिवसेना पार्टी के सभ विधायक से कहले बिया कि आगे के आदेश मिलते मुंबई लवटे खातीर तैयार रहस। अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक महाराष्ट्र में नयकी सरकार के शपथ ग्रहण समारोह दिसंबर के पहिला सप्ताह में हो सकता। एहसे मानल जाता कि सीएम चेहरा के लेके भी जल्दिए घोषणा कईल जा सकता।

केकरा लगे केतना सीट बा?

महाराष्ट्र में हालही में भइल विधानसभा चुनाव में महायुति गठबंधन के हिस्सा भाजपा के 132 सीट, एनसीपी के 41 आ शिवसेना के 57 सीट (कुल 230) सीट मिलल. एकरा संगे महाविकास अघाड़ी के हिस्सा शिवसेना (यूबीटी) के 20 सीट, कांग्रेस 16 अवुरी एनसीपी (शरद चंद्र पवार) के 10 (कुल 46) सीट मिलल बा। बाकी 12 गो सीट पs दोसरा दल भा निर्दलीय उम्मीदवार के जीत भइल बा.

बजरंग पूनिया के NADA चार साल खातीर कइलस सस्पेंड

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]