[the_ad_group id="30365"]

पहिला बेर नागालैंड में अइसन भइल! 6 जिला के सभे 4 लाख मतदाता वोट ना देले, चुनाव कार्यकर्ता 9 घंटा इंतजार करत रहले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एनपीओ छह गो जिला से बनल अलगा राज्य बनावे के मांग करत बा। संगही उनकर आरोप बा कि सरकार ए क्षेत्र में सामाजिक आ आर्थिक विकास नइखे कइले।

नागालैंड के 6 पूर्वी जिला के बूथ प मतदान कर्मी लोकसभा चुनाव 2024 खाती नौ घंटा इंतजार कइले, बाकी ए इलाका के चार लाख मतदाता में से एको मतदाता मतदान खातीर ना आइल। ‘फ्रंटियर नागालैंड टेरिटरी’ के मांग प दबाव बनावे खातीर इ बंद बोलावल गइल। मुख्यमंत्री नेइफियो रियो बियफे के दिने कहलन कि राज्य सरकार के पूर्वी नागालैंड पीपुल्स ऑर्गेनाइजेशन के एफएनटी के माँग से कवनो दिक्कत नइखे काहे कि ऊ एह क्षेत्र खातिर स्वायत्त अधिकारन के सिफारिश पहिलहीं कर चुकल बिया

एनपीओ पूर्वी क्षेत्र के सात गो आदिवासी संगठनन के शीर्ष निकाय ह।

अधिकारी बतवले कि पूर्वी नागालैंड के सड़क प जिला प्रशासन आ बाकी आपातकालीन सेवा के छोड़ के कवनो प्रकार के लोग चाहे गाड़ी के आवाजाही नइखे होखत।

नागालैंड के अपर मुख्य निर्वाचन अधिकारी आवा लोरिंग बतवली कि एह क्षेत्र के 738 मतदान केंद्र प सबेरे 7 बजे से शाम 4 बजे तक मतदान कर्मी मौजूद रहले, जवना में 20 विधानसभा क्षेत्र शामिल बा। सीईओ कार्यालय के सूत्र बतवले कि ओह नौ घंटा में केहू वोट देवे ना आइल । एकरा अलावे 20 विधायक भी आपन मताधिकार के प्रयोग ना कइले।

नागालैंड के 13.25 लाख मतदाता में से 4,00,632 मतदाता पूर्वी नागालैंड के छह जिला में बाड़े।

राज्य के राजधानी से करीब 41 किलोमीटर दूर अपना गांव तौफेमा में वोट डालला के बाद मुख्यमंत्री कहले कि केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के मौजूदगी में उनका के सौंपल गइल एफएनटी खातीर कार्यपत्र के मसौदा उ स्वीकार क लेले बाड़े। उ कहले कि, प्रस्तावित एफएनटी के चुनल विधायक आ सदस्य के सत्ता में हिस्सेदारी के छोड़ के सबकुछ ठीक देखाई देता।

एनपीओ 6 जिला वाला अलग राज्य के मांग करता

एनपीओ छह गो जिला से बनल अलगा राज्य बनावे के माँग करत बा । इहो आरोप बा कि सरकार एह क्षेत्र में सामाजिक आ आर्थिक विकास नइखे कइले ।

हालांकि मुख्यमंत्री कहले कि राज्य सरकार स्वायत्त निकाय के सिफारिश पहिलही क देले बिया ताकि क्षेत्र के बाकी राज्य के बराबर पर्याप्त आर्थिक पैकेज मिल सके।

20 विधायक वोट ना देले, कार्रवाई होई का?

का पूर्वी नागालैंड के 20 गो विधायकन पर वोट ना देबे का खिलाफ कवनो कार्रवाई होखी? एकरा प मुख्यमंत्री कहले कि, हमनी के टकराव नइखी चाहत। देखल जाव कि का होई। नागालैंड में लोकसभा चुनाव शुरू होखे से कुछ घंटा पहिले एनपीओ गुरुवार के सांझ 6 बजे से राज्य के पूर्वी हिस्सा में अनिश्चित काल तक पूरा हड़ताल करे के आह्वान कइले रहे। संगही चेतवले कि जदी केहु वोट देवे गइल आ कानून व्यवस्था के स्थिति पैदा हो गईल त ओकरा खातीर संबंधित मतदाता जिम्मेदार होईहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]