कोलकाता में टीएमसी पार्षद सुशांत घोष पs फायरिंग, पॉइंट ब्लैंक रेंज से बनवलस निशाना

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2024

  टीएमसी नेता सुशांत घोष पs दू गो बदमाश जानलेवा हमला कs दिहले. सुशांत घोष कोलकाता नगरपालिका के वार्ड नम्बर १०८ के पार्षद हउवें. जानकारी के मुताबिक रात के करीब 9 बजे दु बदमाश टीएमसी

Share

सुशांत घोष पs बदमाश जानलेवा हमला

 

टीएमसी नेता सुशांत घोष पs दू गो बदमाश जानलेवा हमला कs दिहले. सुशांत घोष कोलकाता नगरपालिका के वार्ड नम्बर १०८ के पार्षद हउवें. जानकारी के मुताबिक रात के करीब 9 बजे दु बदमाश टीएमसी नेता पs गोली चला देले। गोली अपना निशाना से चूक के बगल के देवाल से टकरा गईल।

स्कूटी पs सवार होके आइल रहले बदमाश

बतावल जाता कि करीब 9 बजे टीएमसी के नेता अवुरी पार्षद सुशांत घोष कसबा राजडांगा इलाका में अपना घर के नजदीक बईठल रहले। तबे दुगो बदमाश स्कूटर से आके गोलीबारी कईले। दुनों बदमाश हेलमेट पहिनले रहले। सुशांत घोष भाग्यशाली रहले अवुरी उनुका के गोली ना लागल। एs दौरान मौका पs मौजूद लोग एगो बदमाश के पकड़ लेले। जबकि दूसरा अपराधी भागे में कामयाब हो गईल.

पार्षद सुशांत घोष फोन कs स्थानीय पुलिस के सूचना देले। उs बतवले कि उs अवुरी उनुकर साथी एगो आदमी के हथियार लेके पकड़ले बाड़े। उs बतवले कि उs आदमी उनुका पs गोली चलावे के कोशिश करत रहे, बाकिर हथियार लॉक लागल होखला के चलते गोली ना चला पवलस। उs आरोपी के पुलिस के सौंप देले। हिरासत में लिहल आदमी बतवले कि उs बिहार के बैशाली से आईल रहले। फिलहाल पुलिस मामला के जांच करतिया।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.