Gorakhpur News: गोरखनाथ पुल के नीचे चलत बाइक में लागल आग, मचल हड़कंप

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 21, 2023

  गोरखपुर कोतवाली इलाका के गोरखनाथ पुल के नीचे बियफे के साँझ एगो चलत बाइक में अचानक आग लाग गइल। आग लगते ही चालक बाइक छोड़ के भाग गईल। घटना के जानकारी मिलला के बाद

Share

 

गोरखपुर कोतवाली इलाका के गोरखनाथ पुल के नीचे बियफे के साँझ एगो चलत बाइक में अचानक आग लाग गइल। आग लगते ही चालक बाइक छोड़ के भाग गईल।

घटना के जानकारी मिलला के बाद मउका पs पहुंचल कोतवाली पुलिस फायर ब्रिगेड के मदद से आग के काबू में कs लेलस, लेकिन तब तक बाइक पूरा तरीका से जर गईल रहे।

प्रभारी निरीक्षक अंजुल चतुर्वेदी बतवले कि बाइक देवरिया के एगो आदमी के बतावल जाता। उ मउका से भाग गईल रहले। उनुकर पहचान करावे के कोशिश कईल जाता।

साभार- अमर उजाला

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.