Lucknwo News : गुटखा फैक्टरी में लागल आग, पांच कर्मचारी फंसले

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2024

Lucknwo News : शनिचर के रात 9:20 बजे लखनऊ के सरोजनी नगर के अमौसी औद्योगिक क्षेत्र में गुटखा कारखाना के दूसरा मंजिल पs अचानक आग लाग गइल। एह दौरान 300 कर्मचारी काम करत रहले। धुआं

Share

Lucknwo News : शनिचर के रात 9:20 बजे लखनऊ के सरोजनी नगर के अमौसी औद्योगिक क्षेत्र में गुटखा कारखाना के दूसरा मंजिल पs अचानक आग लाग गइल। एह दौरान 300 कर्मचारी काम करत रहले। धुआं के चलते पांच कर्मचारी फंस गइले। दमकलकर्मी मौका पs पहुंच के फंसल कर्मचारी के सुरक्षित बचा लेले। एकरा बाद उऽ ब्रीद एनालाइजर पहिन के भीतर घुस गइले आ आग बुतावे के काम शुरू कऽ देले। छह गो दमकल इंजन के मदद से डेढ़ घंटा में आग के लपट पs काबू पा लिहल गइल।

अमौसी औद्योगिक क्षेत्र में कैपेई पाउचेज प्राइवेट लिमिटेड नांव के एगो फैक्ट्री बा। एह कारखाना में दू गो अलग-अलग ब्रांड के गुटखा बनावल जाला। दुर्घटना के समय दूसरा मंजिल पs हीटर से कच्चा माल सुखावल जात रहे। अपर निरीक्षक अनवर खान बतवले कि इ कारखाना समीर मित्तल के हऽ। दुसरका मंजिल के हीटर में शार्ट सर्किट के चलते आग लागे के आशंका बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.