धूं-धूं कs के जल उठल मुंबई के गगनचुंबी इमारत

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 28, 2025

मुंबई के लालबाग इलाका में आजु एगो गगनचुंबी इमारत में आग लाग गइल.  कुछ ही समय में आग के लपट इमारत के ऊपरी हिस्सा के आपन चपेट में ले लेलस।  एह भवन के नाव बा

Share

जल उठल मुंबई के गगनचुंबी इमारत

मुंबई के लालबाग इलाका में आजु एगो गगनचुंबी इमारत में आग लाग गइल.  कुछ ही समय में आग के लपट इमारत के ऊपरी हिस्सा के आपन चपेट में ले लेलस।  एह भवन के नाव बा सालसे द 27।  फायर ब्रिगेड के चार गाड़ी मौका पs पहुंचल बाड़ी अवुरी आग पs काबू पावे के प्रयास जारी बा। 

ई बिल्डिंग भायखला ईस्ट में बी.ए. रोड पs न्यू ग्रेड इंस्टा में स्थित बा। आग के धुआं पूरा इलाका में दूर-दूर ले देखाई देता।  इमारत के ऊपरी मंजिल के आग के लपट घेरले बा।  बतावल जाता कि एs गगनचुंबी इमारत के 57 मंजिल बा जबकि आग 42वां मंजिल पs लागल बा।

एह आग में अबहीं ले कवनो जानमाल के कवनो खबर नइखे.  फायर ब्रिगेड के टीम आग पs काबू पावे के पूरा कोशिश करतिया।  जानकारी के मुताबिक जसही मुंबई फायर ब्रिगेड के आग के बारे में जानकारी मिलल तs उs लेवल-1 (माइनर) फायर इमरजेंसी घोषित कs देलस। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाई ब्लड प्रेशर में कारगर होला, इs तीन गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.