चाचा-भतीजा में हो गइल सुलह! पशुपति पारस नाहीं लडिहें लोकसभा चुनाव, बनल रहिहें NDA के साथे

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 1, 2024

  एह घरी पशुपति कुमार पारस से जुड़ल बड़ खबर सामने आ रहल बा। जानकारी के मुताबिक पशुपति कुमार पारस अब लोकसभा चुनाव ना लड़िहे। असल में पशुपति पारस पछिला कई दिन से लगातार हाजीपुर

Share

 

एह घरी पशुपति कुमार पारस से जुड़ल बड़ खबर सामने आ रहल बा। जानकारी के मुताबिक पशुपति कुमार पारस अब लोकसभा चुनाव ना लड़िहे। असल में पशुपति पारस पछिला कई दिन से लगातार हाजीपुर से चुनाव लड़े के बात करत रहले। उनुकर भतीजा चिराग पासवान भी एही सीट से चुनाव लड़े के एलान कईले रहले। अयीसना में चाचा-भतीजा के बीच टकराव के स्थिति देखाई देत रहे। लेकिन अब सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक पशुपति पारस चुनाव ना लड़िहे।

बतावल जाता कि एनडीए के नेता अवुरी परिवार के लोग से चर्चा के बाद पशुपति पारस चुनाव ना लड़े के घोषणा कईले बाड़े। असल में पशुपति कुमार पारस के पार्टी रालोजपा एनडीए में रही। माने मानल जाता कि अब चाचा पशुपति कुमार पारस अवुरी भतीजा चिराग पासवान के बीच सुलह हो गईल बा। असल में पशुपति पारस एह पोस्ट के सोशल मीडिया एक्स पs शेयर कs के लोकसभा चुनाव में एनडीए के समर्थन करे के जानकारी देले बाड़े। एकरा संगे पशुपति कुमार पारस एक बेर फेर मोदी के परिवार के नाम अपना एक्स अकाउंट पs डाल देले बाड़े।

पशुपति पारस सोशल मीडिया पs दिहले जानकारी

बता दीं कि पशुपति पारस हाल ही में केंद्रीय मंत्रिमंडल से इस्तीफा देके मोदी के परिवार के एक्स अकाउंट से हटा देले रहले। पशुपति पारस सोशल साइट एक्स पs एगो पोस्ट शेयर कs के लिखले बाड़न – हमार पार्टी रालोजपा एनडीए के अभिन्न अंग ह! आदरणीय प्रधानमंत्री आदरणीय श्री जी भी हमनी के नेता हवें आ उनकर फैसला हमनी खातिर सर्वोपरि बा आ उनके नेतृत्व में एनडीए पूरा देश में 400+ सीट जीत के तीसरी बेर रिकार्ड तोड़ बहुमत से सरकार बनाई।

पशुपति कुमार पारस एनडीए में रहिहें

दरअसल पशुपति कुमार पारस के पार्टी रालोजपा के लोकसभा में एको सीट नईखे मिलल। पशुपति पारस एनडीए के सीट बंटवारा के दौरान एको सीट ना मिलला के बाद केंद्रीय मंत्रिमंडल से इस्तीफा दे देले रहले। लेकिन, अब पशुपति पारस x पs पोस्ट कs के साफ कs देले बाड़े कि उs एनडीए में रहीहे।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.