FIFA World Cup 2026 : फ्रांस के हार के बाद पेरिस में भइल बवाल, स्पेन फाइनल में पहुंचल, कइयन गो लोग घायल

FIFA World Cup 2026 – Paris Unrest After France's Semifinal Defeat

Share

FIFA World Cup 2026 : फीफा वर्ल्ड कप 2026 के सेमीफाइनल में स्पेन से हार के बाद फ्रांस में तनाव के माहौल बन गइल। टेक्सास के एटी एंड टी स्टेडियम में खेलल गइल मुकाबला में स्पेन 2-0 से जीत दर्ज करत फाइनल में जगह बना लेलस। हार के बाद फ्रांस के राजधानी पेरिस के कइयन गो इलाका में हिंसा, आगजनी आ हंगामा के खबर सामने आइल बा। सोशल मीडिया पs एह घटना के कइयन गो वीडियो तेजी से वायरल हो रहल बा।

स्पेन 2-0 से जीत के फाइनल में पहुंचल

स्पेन खातिर मिकेल ओयरजाबल आ पेड्रो पोरो गोल कइलें। मिकेल 22वां मिनट में पेनाल्टी पs गोल दगलें, जबकि 58वां मिनट में पेड्रो पोरो दूसरा गोल कs के स्पेन के बढ़त मजबूत कs देलें। एह जीत के संगे स्पेन दूसरका बेर फीफा वर्ल्ड कप के फाइनल में पहुंच गइल बा आ अब खिताब से बस एक डेग दूर बा।

एमबापे ना चला पवलें जादू

फ्रांस के उम्मीद कप्तान किलियन एमबापे पs टिकल रहे, बाकिर स्पेनिश डिफेंस उनका के पूरा मैच में खुल के खेले के मवका ना देलस। एमबापे गोल करे में असफल रहलें आ फ्रांस लगातार तीसरका बेर वर्ल्ड कप फाइनल खेले के सपना पूरा ना कs सकल।

पेरिस में हार के बाद भइल हिंसा

मैच खतम होखतही फ्रांस के राजधानी पेरिस के कइयन गो इलाकन में हंगामा सुरू हो गइल। कुछ जगह आगजनी आ तोड़फोड़ के घटना सामने आइल। मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, हिंसा में कइयन गो लोग घायल भइल। पुलिस हालात पs नजर रखले बा। सोशल मीडिया पs वायरल वीडियो में कइयन गो जगहन अफरा-तफरी देखल जा रहल बा। हार के बाद कप्तान किलियन एमबापे प्रशंसकन से माफी मांगत हार के जिम्मेदारी खुद ले लेलें।

अब तीसरका स्थान खातिर खेली फ्रांस

सेमीफाइनल से बाहर होखला के बाद अब फ्रांस के टीम 18 जुलाई के तीसरा स्थान खातिर मुकाबला खेली। ओकर सामना दूसरका सेमीफाइनल में हारे वाला टीम से होई, जहां अर्जेंटीना आ इंग्लैंड आमने-सामने बा। फ्रांस अब तीसरा स्थान हासिल कs के टूर्नामेंट के सम्मानजनक अंत करे के कोसिस करी।

फ्रांस अब तक 1998 आ 2018 में दू बेर फीफा वर्ल्ड कप जीत चुकल बा, बाकिर अबकि बेर टीम के खिताब जीते के सपना सेमीफाइनल में टूट गइल।

Read Also: India-UK CETA : भारत-ब्रिटेन बेयपार समझौता आज से लागू, 99% भारतीय निर्यात पs मिली शून्य शुल्क के सुविधा, कइयन गो सामान हो सकेला सस्ता

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-