Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

FIFA WC: कतर में आज से फुटबॉल विश्व कप, 32 टीमन में सर्वश्रेष्ठ बने के जंग, आखिरी बेर लउकी लो मेसी-रोनाल्डो

मेजबान कतर आ इक्वाडोर के बीच रात 9:30 बजे उद्घाटन मैच खेलल जाई, बाकिर सबकर नजर सर्वकालिक महान खिलाड़ियन में सामिल अर्जेंटीना के कप्तान लियोनल मेसी आ पुर्तगाल के कप्तान क्रिस्टियानो रोनाल्डो प होई।

495

मेसी के टीम अर्जेंटीना 22 नवंबर के सउदी अरब के खिलाफ आपन पहिला मैच खेली तs रोनाल्डो के पुर्तगाल के सामना 24 नवंबर के घाना से होई। मेसी आ रोनाल्डो पहिलही कह चुकल बा लो कि ई ओह लोग के फुटबॉल करियर के आखिरी विश्व कप होई। अइसन में दुनो खिलाड़ी एकरा के यादगार बनावे में कवनो कसर ना छोड़े के चाही लो।

पहिला मुकाबला से पहिले होई उद्घाटन समारोह

कतर आ इक्वाडोर के बीच मुकाबला से पहिले साँझ 7:30 बजे से उद्घाटन समारोह सुरू होई। एमे दक्षिण कोरिया के बीटीएस बैंड के धमाल देखे के मिली। जंगकूक अपना सात साथियन के संगे प्रस्तुति दिहें। एकरा अलावे ब्लैक आईड पीस, रॉबी विलियम्सन आ कनाडा मूल के बॉलीवुड अभिनेत्री नोरा फतेही आपन जलवा दिखाई लो।

फ्रांस पs खिताब बचावे के दबाव

मवजूदा विश्व चैंपियन फ्रांस अपना खिताब के रक्षा करे खातिर दम लगाई, त ब्राजील, अर्जेंटीना, जर्मनी, इंग्लैंड, स्पेन, बेल्जियम, नीदरलैंड, डेनमार्क, पुर्तगाल, गत उपविजेता क्रोएशिया के टीम प्रमुख विश्व कप ट्रॉफी उठावे के दावेदार बा।

ग्रुप चरण से आगे बढ़ने की चुनौती रहेगी मेजबान कतर के सामने

फीफा विश्वकप के पहिला मैच मेजबान कतर आ इक्वाडोर के बीच खेलल जाई। मानवाधिकारन के हनन आ शराब पs प्रतिबंध जइसन मुद्दन के लेके कतर यूरोपीय देसन के आलोचना झेल रहल बा। संगही मेजबान देस पs मैच फिक्स करे के आरोपो लाग रहल बा। एह विवादन के बीच मेजबान टीम विश्वकप में सानदार प्रदर्शन क के फुटबाल के दुनिया में आपन छाप छोड़े के चाहीं। एकरा संगही कतर के टीम दक्षिण अफ्रीका के तरे विश्वकप के पहिला दौर से बाहर ना होखे के चाहीं।  विश्वकप इतिहास में खाली 2010 में दक्षिण अफ्रीका अइसन मेजबान देस रहे, जवन विश्वकप के ग्रुप चरण से आगे ना बढ़ सकल रहे। अइसने चुनौती कतरो के सोझा होई।
लियोनल मेसी के अर्जेंटीना के ग्रुप-सी में आ क्रिस्टियानो रोनाल्डो के पुर्तगाल टीम के सबसे आखिरी ग्रुप-एच में रखल गइल बा। मेजबान कतर ग्रुप-ए में बा। सबसे जादे पांच बार विश्व कप जीते वाली टीम ब्राजील के ग्रुप-जी में क्रोएशिया, मोरक्को आ कनाडा के संगे रखल गइल बा। ग्रुप-बी में मवजूद इंग्लैंड के टीम अपना पहिला मैच में ईरान से भिड़ी। 1982 के बाद पहिला बेर अइसन होई कि इंग्लैंड के टीम फीफा वर्ल्ड कप में कवनो एशियन टीम से भिड़ी।

एकरा पहिले 1982 में इंग्लिश टीम के सामना कुवैत से भइल रहे। तब कुवैत ओकरा के हरा देले रहे। इंग्लैंड के टीम ओह पुरान इयाद के भुलाके नया सिरा से सुरुआत कइल चाहीं। इंग्लैंड के टीम फीफा विश्व कप में ईरान से पहिला बेर भिड़ी।  2010 के विश्व कप चैंपियन स्पेन आ चार बेर के विश्व चैंपियन जर्मनी के एके ग्रुप (ग्रुप-ई) में रखल गइल बा। यूक्रेन प हमला कइला के वजह से रूस के एह वर्ल्ड कप से बाहर कs दिहल गइल बा। ओहिजा, लियोनेल मेसी आ रॉबर्ट लेवानडॉस्की (पोलैंड) के टीम एके ग्रुप में बा आ दुनो के बीच कड़ा टक्कर देखे के मिल सकत बा। मेसी लेवानडॉस्की के मात देके बेलोन डी’ओर के खिताब जितले रहस। क्रिस्टियानो रोनाल्डो के टीम पुर्तगाल के सामना लुईस सुआरेज आ एडिन्सन कवानी के उरुग्वे टीम से होई।

फीफा वर्ल्ड कप ग्रुप

ग्रुप टीम
ग्रुप ए कतर , इक्वाडोर, सेनेगल, नीदरलैंड्स
ग्रुप बी इंग्लैंड, ईरान, अमेरिका, वेल्स
ग्रुप सी अर्जेंटीना, साउदी अरब, मैक्सिको, पोलैंड
ग्रुप डी फ्रांस, ऑस्ट्रेलिया, डेनमार्क, ट्यूनीशिया
ग्रुप ई स्पेन, कोस्टा रिका, जर्मनी, जापान
ग्रुप एफ बेल्जियम, कनाडा, मोरक्को, क्रोएशिया
ग्रुप जी ब्राजील, सर्बिया, स्विट्जरलैंड, कैमरून
ग्रुप एच पुर्तगाल, घाना, उरुग्वे, कोरिया
385960cookie-checkFIFA WC: कतर में आज से फुटबॉल विश्व कप, 32 टीमन में सर्वश्रेष्ठ बने के जंग, आखिरी बेर लउकी लो मेसी-रोनाल्डो

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.