विटामिन D के कमी से सूतत घरी शरीर में दिखेला ई लक्षन, रातभर करवट बदलले पs हो जानीं मजबूर

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 6, 2024

    शरीर के स्वस्थ राखे खातिर विटामिन, मिनरल, फाइबर, प्रोटीन, कार्ब्स, हेल्दी फैट्स आ कई तरह के माइक्रो न्यूट्रिएंट्स के जरूरत होला । अगर कवनो एक पोषक तत्व के कमी शरीर में होखे लागेला

Share

 

 

शरीर के स्वस्थ राखे खातिर विटामिन, मिनरल, फाइबर, प्रोटीन, कार्ब्स, हेल्दी फैट्स आ कई तरह के माइक्रो न्यूट्रिएंट्स के जरूरत होला । अगर कवनो एक पोषक तत्व के कमी शरीर में होखे लागेला तs पूरा बॉडी पs एकर असर पड़ेला। अइसन ही जरूरी पोषक तत्व हs विटामिन डी, जेकरे कमी से रउरा के रोगप्रतिरोधक क्षमता पs असर पडेला । शरीर में विटामिन डी के कमी के कई तरह लक्षन से पहिंचानल जा सकेला, बाकिर राती में सूतले घरी पैरन में तेज दरद होला, हड्डियन में दरद होता तs समझ लेंई शरीर में विटामिन डी के कमी के संकेत देत बा। अइसने में रातभर नs चैन के नींद आवेला आ दिनभर आलस छाइल रहेला । जानीं शरीर में विटामिन डी के कमी से शरीर में का परेशानी होला ?

विटामिन डी के कमी के लक्षन

मांसपेशी में ऐंठन

शरीर में विटामिन डी के कमी होखे से मांसपेशियन में ऐंठन के समस्या होखे लागेला । खासतौर से राती में सूतले वक्त जब रउरा के बॉडी रिलेक्स मोड में आवेला तs शरीर में दरद शुरू होखे लागेला। जेकर वजही से काफी देर बाद नींद आवेला ।

हड्डियन में दरद

राती के घरी हड्डियन में दरद के समस्या शुरू हो जाला । ई विटामिन डी के कमी के लक्षन हs। जब शरीर में विटामिन डी कम होला तs हड्डी कैल्शियम के अवशोषित नाहीं क‌ई पावेला । जेसे हड्डी कमजोर हो जाला आ दरद शुरू हो जाला.

डिप्रेशन बढ़ल

विटामिन डी के कमी से शरीर में डिप्रेशन ज‌इसन लक्षन नजर आ सकेला । इंसान के कवनो काम में मन नाहीं लगेला। दिनभर थकान आ कमजोरी महसूस होला । स्वभाव में चिड़चिड़ापन आवे लागेला , जवन लंबा समय ले डिप्रेशन के कारन बन सकेला ।

जल्दी बीमार पड़ल

शरीर में विटामिन डी के कमी होखले से रोग प्रतिरोधक क्षमता पs असर पड़ेला । अइसे लोगन के जल्दी सर्दी, जुकाम आ बुखार ज‌इस संक्रमण अपने चपेट में ले सकेना । विटामिन डी के कमी होखले पs जल्दी बीमार होखे लागेला।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.