[the_ad_group id="30365"]

शंभू बॉर्डर पs किसानन के जबरदस्त हंगामा, पुलिस आंसू गैस के गोला छोड़लस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

किसान विरोध लाइव अपडेट : किसानन के ‘दिल्ली चलो’ विरोध मार्च में भाग लेवे वाला युवा लोग के एगो समूह मंगल के अंबाला के शंभू सीमा पs लगावल बैरिकेड के तोड़े के कोशिश कईलस, जवना के बाद हरियाणा पुलिस भीड़ के तितर-बितर करे खातीर आंसू गैस के इस्तेमाल कईलस।गैस के गोला छोड़लस। अधिकारी बतवले कि हरियाणा पुलिस के ओर से बैरिकेड से दूर रहे के अपील के बावजूद बहुत युवक पीछे ना हटले अवुरी बैरिकेड के ऊपर खड़ा रहले। उs बतवले कि जब कुछ प्रदर्शनकारी लोहा के बैरिकेड तूड़ के घग्गर नदी के पुल से नीचे फेंके के कोशिश कईले तs पुलिस कई गो आंसू गैस के गोला चला देलस। बाद में पुलिस ड्रोन के इस्तेमाल से आंसू गैस के गोला भी गिरवले।

किसान के रोके खातिर लगावल गइल लोहा के कील आ कांटेदार तार

किसानन के ‘दिल्ली चलो’ मार्च के राष्ट्रीय राजधानी में ना आवे देवे खातिर दिल्ली के सीमा पs बहुस्तरीय बैरियर, कंक्रीट के बैरियर, लोहा के कील अवुरी कंटेनर के दीवार लगा के सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कईल गईल बा। दिल्ली के तीन सीमा – सिंघू, टिकरी अवुरी गाजीपुर पs दंगा विरोधी वर्दी में पुलिस अवुरी अर्धसैनिक जवान के भारी संख्या में तैनात कईल गईल बा। दिल्ली सीमा पs बनल बैरिकेड के बात करत किसान कहले कि एs उपाय से ओ लोग के ना रोकल जाई, काहेंकी एकरा के आधा घंटा में बैरिकेड टूट जाई।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]